वाराणसी मे स्टाम्प विक्रेता से 19 लाख के लूट
-

वाराणसी 23 अक्टूबर (वार्ता) वाराणसी मे कचहरी से लवटत स्टाम्प विक्रेता से बदमाश दू लाख नगद आ सतरह लाख के स्टाम्प पेपर लूट लिहले.

पुलिस के कहना बा कि शिवपुर क्षेत्र में शीतलनगर कालोनी निवासी विजय सिंह अपना ममेरा भाई अनूप संगे कचहरी मे स्टाम्प पेपर के बिक्री क के लवटत रहले जब नटिनिया दाई मन्दिर का लगे कुछ बदमाश उनुका के रोक के बैग छीने के कोशिश कइले. विरोध कइला पर दुनु जने पर छूरा आ असलहा से हमला क के बैग लूट लिहले स.

घटना के जानकारी भइला पर पुलिस चहुँपल आ दुनु जने के अस्पताल मे भरती करवलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts