वाहवाही बटोरत बाड़े विक्रांत
-

सिनेमा भोजपुरी के सितारा विक्रांत सिंह के एह घरी खूब वाहवाही होखत बावे. आ ई वाहवाही विक्रांत के हालही में रिलीज फिलिम ‘अचल रहे सुहाग’ खातिर होखत बा. एह फिल्म में विक्रांत के दमदार अभिनय अउर एक्शन के तारीफ दर्शक त करते बाड़े, फिल्म इंडस्टी के जानकारो लोग करत बा. विक्रांत के भूमिका ‘दामिनी’ के सन्नी देओल के भूमिका याद करा देत बा. उनुका संवाद अदायगी पर हॉल दर्शकन के ताली से गूंजे लागत बा.

एह साल विक्रांत के ‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’, ‘गुलाम’, ‘ऐलाने जंग’ समेत दर्जनों फिल्म रिलीज होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts