विजय लाल यादव आ वर्षा तिवारी के जोड़ी बने लागल बा
-


भोजपुरी फिल्म “बुलन्दी” में पहिला बेर साथे काम कर रहल विजय लाल यादव आ वर्षा तिवारी के जोड़ी फिल्म के शूटिंग खतम होखला का बाद आजु काल्हु अकसरहाँ संगे संगे घूमत नजर आवत बा लोग. फिल्म के अब पोस्ट प्रोडक्शन काम चल रहल बा. अपना जोड़ी बनला से खुश विजय लाल यादव के कहना बा कि कवनो मरद का जिनिगी में जब सही औरत आवेले त ऊ आदमि सफलता के शिखर छूवे लागेला. कहले कि उनुको जिनिगी में अइसने खुशनुमा बदलाव आइल बा जवना से ऊ बहुते खुश बाड़न. फिल्म का बारे में बतावत विजय लाल के कहना रहे कि ई फिल्म एक्शन प्रधान पारिवारिक फिल्म होखी जवना के अशोक अत्रे बहुते लाजवाब तरीका से निर्देशित कइले बाड़न. फिल्म के निर्माता निखिल नन्दा, गीतकार मुन्ना दूबे आ अशोक सिन्हा, संगीतकार के॰ रत्नेश, कैमरामैन जगविन्दर हुडा, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी. आ फाइट मास्टर मंगल फौजी हउवे. फिल्म के कलाकारन में विजय वर्षा के मुख्य जोड़ी का अलावे दीपक दूबे, राखी त्रिपाठि, बालेश्वर सिंह, प्रिया शर्मा, मनोज द्विवेदी, सीमा सिंह, रोजा उस्मानि, संजय पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts