सिनेमाघर में कइली आयटम नंबर सीमा सिंह
-

सिल्वर स्क्रीन के इतिहास में भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एगो इतिहासे बना दिहली जब खचाखच भरल सिनेमाघर में एगो आयटम नंबर के शूटिंग कइली. पहिला बेर कवनो फिलिम के आयटम दर्शकन का भीड़ का सोझा फिल्मावल गइल.

फिल्म “दिल ले गइईल ओढ़निया वाली” खातिर ठाणे जिला के भिवंडी में बनल पायल सिनेमाघर में सीमा सिंह ई आयटम नंबर शूट करवली. निर्देशन अरविंद चौबे के बा. आयटम डांस में सीमा सिंह के साथ दिहले खेसारी लाल यादव आ आनन्द मोहन. रात नौ बजे का शो में फिल्मावल एह आयटम नंबर खातिर सीमा सिंह के बहुते मेहनत करे के पड़ल. बाद में एकरा के एगो यादगार अनुभव बतावत सीमा सिंह के कहना रहल कि जब अरविंद चौबे एह आयटम का बारे में बतवले रहले तब सीमा के तनिको डर ना लागल रहे. काहे कि भिवंडी के लोग हमेशा उनुका के प्यार दिहले बा. जब स्टेज पर चहुँप के सीमा सिंह बतवली कि रउरा सभे जाएब मत काहे कि अब फिल्म ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ के आयटम नम्बर फिल्मावल जाई, त शूटिंग देखे खातिर दर्शक रात भर सिनेमा घर में रुकल रह गइले. दर्शकन खातिर अपना सोझा सीमा सिंह के आयटम नंबर के बिजली गिरावत देखल एगो कबो ना भुलाये वाला अनुभव हो गइल. नृत्य निर्देशन राम देवन कइले.


( शशिकान्त सिंह के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts