अँजोरिया के वर्षगाँठ पर शुभकामना
-

अँजोरिया के पाठक लोग त आपन शुभकामना सीधे पोस्ट कर दिहले रहे. कुछ शुभकामना इमेल से भा दोसरा वेबसाइटो पर दिहल गइल.

भोजपुरी की पहली वेबसाइट अंजोरिया.कॉम की सातवी सालगिरह पर हार्दिक बधाई.
– रवि किशन

सात बरिस पूरा कइलस अंजोरिया
– लोकप्रिय भोजपुरी वेबसाइट भोजपुरिया डॉट कॉम के शुभकामना

बहुत ख़ुशी के बात बा की अंजोरिया आपन स्थापना के सात साल सफलता पूर्वक पूरा कर लिहलस,ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार के तरफ से बहुत बहुत बधाई बा अउर ईश्वर से कामना बा कि अंजोरिया ऐसही दिन दूना रात चौगुना तरक्की करत रहो, भोजपुरी के विकास में अंजोरिया के योगदान के कोई भुला नइखे सकत, रहल बात पुरस्कार के त के कहत बा की पुरस्कार अंजोरिया के नइखे मिलत जे हेतना भोजपुरिया लोगन के पियार दुलार मिळत बा का उ कवनो पुरस्कार से कम बा ?
हम त आजु के परिवेश मे एतने कहब कि—-

केनुओ पाउडर लगा के करियो भी गोर हो जाला ,
केनुओ चुपके से सगरी जग मे अंजोर हो जाला ,
सात साल से बम के आवाज ना सुनाइल भाई जी ,
केनुओ चिटपुटिया भी बाजे ला त शोर हो जाला,

– गनेश जी “बागी”
Creator, www.openbooksonline.com

अँजोरिया सभकर आभारी बिया. सभका के धन्यवाद.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..