अनिल कुशवाहा के फिलिम ‘लहू के दो रंग’ बिहार में बढ़िया ओपनिंग लिहलसि

अनिल एंड अनिल फिलिम एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल निर्माता अनिल कुशवाहा के फिलिम ‘लहू के दो रंग‘ बिहार आ झारखंड में बम्पर ओपनिंग लिहलसि. कई जगहा लोग टिकट का इंतजार में एक शो से दुसरका शो ले ठाढ़ रहल. बिहार के सबले बड़ पर्व छठ पूजा पर रिलीज होखला क बावजूद दर्शकन के भीड़ सिनेमाघरन में बनल रहल. बतावल जात बा कि पहिलके दू दिन में ई फिलिम 35 लाख रूपया के नेट कलेक्शन कइलसि. निर्माता अनिल कुशवाहा के जतना उमेद रहल ओहू ले बढ़िया बिजनेस कइलसि ई फिलिम. देखल जाव कि निर्देशक मंजुल ठाकुर के ई फिलिम कतना दिन ले आपन धमाल बनवले राखत बिया.


(संजय भूषण पटियाला)

2 Comments

  1. ranvijay

    bahoot hi kharab film hai lahoo ke do rang

    • admin

      Please do Bhojpuri Cinema a favour.. Write in detail your opinion about this film or any other Bhojpuri film. Every reader is welcome to send her/his opinion about any film (s)he sees.