अप्रवासी भारतीय दिवस में भोजपुरी भाषा के प्रतिनिधि रहीहें रवि किशन

मॉरिशस में होखेवाला अखिल भारतीय दिवस के आयोजन भ भारत सरकार आ मारीशस सरकार मिल के करत बाड़े. एह आयोजन में भारत सरकार भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के बतौर स्पीकर भोजपुरी भाषा के प्रतिनिधि बने खातिर चुनले बिया. मॉरिशस के राजधानी पोर्ट लुईस में होखे वाला एह समारोह में मॉरिशस के प्रधानमंत्री समेत दुनिया भर के अप्रवासी भारतीय मौजूद रहीहें.

भारत सरकार के प्रवासी भारतीय कार्य मंत्रालय से रवि किशन के जानकारी भेजल गइल बा तवना का मुताबिक समारोह के उदघाटन मारीशस में भारत के हाई कमिशनर टी पी सीतारमण करीहें आ उद्घाटन भाषण मॉरिशस के प्रधानमंत्री नवीन चन्द्र रामगुलाम आ भारत सरकार के प्रवासी भारतीय कार्य मंत्री व्यालार रवि के होखी. एह समारोह में रविकिशन के बतौर स्पीकर शामिल कइल गइल बा आ ऊ ओहिजा भोजपुरी के प्रतिनिधि के तौर पर आपन राय रखीहें. एह मौका पर अउरी वक्ता में दक्षिण अफ्रीका, ज़िम्बाब्वे, श्रीलंका, न्यूजीलेंड सरकार के मंत्री आ बड़े पदन पर आसीन अधिकारियन का अलावे भारत सरकार का तरफ से सचिन पाइलट, मीनाक्षी नटराजन, मनीष तिवारी मौजूद रहीहें.

रवि किशन एह पर आपन बात कहत कहले बाड़न कि ई उनुका ला गौरव क बात बा कि ऊ अपना मातृभाषा के प्रतिनिधित्व ओह मंच पर करीहें जहाँ दुनिया के कोना कोना से अप्रवासी भारतीय मौजूद रहीहें. बतावेर जोग बा कि मारीशस में भोजपुरी भाषा के सरकारी मान्यता प्राप्त बा आ ओहिजा भारत माता के तर्ज़ पर भोजपुरी माई के प्रतिमो लगावे के तइयारी होखत बा.


(उदय भगत)

3 Comments

  1. dr janardan singh

    adarniy dr saheb sadar pranambhojpuriya aman ke upekcha na kareke chahi itihas kabo na kabo okar maryada jarur rakhi.raua se nihoraba ki apna bebsite me bhojpuriya aman ke jarur jagah di ekrase sampadak ke manobal banal rahi. navratra aa dashhara ke hardik shubh kamna

    Reply
    • OP_Singh

      प्रिय जनार्दन जी,

      आजु ले अपना जनते त हम कवनो भोजपुरी पत्रिका के अनदेखी नइखी कइले. रउरो पत्रिका के जब भी समाचार मिलल ओकरा के प्रकाशित कइल गइल बा. अब रउरा खबर भेजबे ना करीं त हम का कर सकीलें.

      राउर,
      ओम

      Reply
  2. suraj

    hello sir,
    my name is suraj chaurasia,i am from patna,i am a actor,goodlooking,i want to act in your film ,sir i will give my best…
    phone-;9386980342

    thank you

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *