(बियफे 8 सितम्बर)
- उत्तर प्रदेश आ मध्य प्रदेश के अंतर्राज्यीय सीमा पर बनल राजघाट जलाशय में मछरी पालन के झगड़ा आजु बियफे का दिने दुनु राज्य का मंत्रियन का मौजूदगी में सलटा लिहल गइल.
- बुलंदशहर जिला में एगो गाँव में चोरी करे घुसल दू गो हथियारबंद लोग के लाठी-डंडों से अतना पीटल कि एगो मर गइल आ दोसरका मरे मरे का हालत में बा.
- इलाहाबाद में एसटीएफ मुन्ना बजरंगी के शार्प शूटर आ पचास हजार के ईनामी बदमाश संजय उर्फ बच्चा यादव के मार गिरवलसि. संजय यादव बनारस के रहे वाला रहल आ ओकरा पर कई गो हत्या के मुकदमा रहे.
- अमर सिहं के गिरफ्तारी का विरोध में उनुकर समर्थक काल्हु बलिया में जाम लगवले आ मनमोहन सोनिया के पुतला जरवले.
- मऊ में मुहम्मदाबाद गोहना थाना इलाका के बनियापार मोड़ का लगे बेपहरा क्रासिंग पर एगो ट्रैक्टर ट्राली गरीबनवाज एक्सप्रेस के सोझा पड़ गइल जवना से ओकर परखचा उड़ गइल आ ट्रैक्टर चालक के ओहिजे मौत हो गइल. गरीब नवाज एक्सप्रेस के इंजनो में खराबी आ गइल जवना चलते ट्रेन घंटनो टीसन पर ठाड़ रहल.
- भठियरपनके आरोप झेलत पशुपालन मंत्री रहल बसपा विधायक अवधपाल सिंह यादव के अनुशासनहीनता का आरोप में पार्टी से निलंबित कर दिहल गइल बा.
- बुलंदशहर जिला के एगो इंजीनियरिंग कॉलेज में आपसी वर्चस्व का लड़ाई में एगो छात्र के मौत हो गइल आ तीन गो घवाहिल हो गइले.
0 Comments