एगो अउरी बगावत क आग लहकल मुहूर्त भइल एक और बग़ावत की आग के

सिस्टम लोग खातिर बनल भा बनावल जाले, बाकिर सिस्टम क हिसाब से लोग ना बनावल जा सके. जबहिए अइसन कोशिश होखि त बगावत त होखबे करी. इहे संदेश ले के आवत बा निर्देशक दिनेश मिश्रा के अगिलका फिलिम “एक और बग़ावत की आग”. निर्माता बलराम सी शर्मा अउर सुनील दतिया के एह फिल्म क म्यूजिकल मुहूर्त हाल ही में धूम-धाम से मुंबई का कृष्णा स्टूडियो में कइल गइल. एह मौका पर गायिका रेखा राव, अलका झा आ आलोक कुमार क अलावे फिल्म के कलाकार कल्पना शाह, शुभी शर्मा, कृष्णा पाण्डेय वगैरह मौजूद रहलें.

ट्रिनिटी एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिल्म में विजयलाल यादव, कल्पना शाह, मणिराम शर्मा, काजल, शुभी शर्मा, कृष्णा पाण्डेय जइसन सितारा आपन जौहर देखइहें. कहानी आ पटकथा विंध्या शुक्ला के बा, संगीत बावे माणिक दा के.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..