एगो नशेड़ी अपना साथी नशेड़ी के हत्या कर दिहलसि

वाराणसी के भोजूबीर में चाय के दुकान चलावे वाला दशरथ यादव आ सिकरौल के शाहनवाज दोस्त रहलें आ संगही संगे नशा करत रहलें. नशा के फेर में शाहनवाज पर दशरथ के कुछ रुपिया उधार हो गइल रहुवे. एही रुपिया का चलते मकबूल आलम रोड का लगे कब्रिस्तान में नशा करत घरी दुनू में झगड़ा बढ़ ग‎इल आ दशरथ एगो नोकिला पत्थर से मार मार के शाहनवाज के हत्या कर दिहलसि. संगे बइठल दू गो दोस्त भाग गइलें. हत्या क के भागत दशरथ के लोग चहेट के ध लीहल आ कैंट पुलिस के दे दीहल.

0 Comments