कल्पना शाह आ राहुल सिंह के जोड़ी के ’तकदीर’ के शूटिंग पूरा भइल
-

Rahul-KalpanaShahखुशी फिल्म एंटरटेन्मेंट के बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम ’तकदीर’ के शूटिंग पिछला दिने हाजीपुर आ पटना में पूरा कइल गइल. निर्माता बी. के. सिन्हा बतवलन कि ई फिलिम रीतिरिवाज देखावत मनोरंजन प्रधान पारिवारिक फिलिम हवे. एकर पूरा शूटिंग बिहार के हाजीपुर, सोनपुर आ पटना में कइल गइल. एहमें कुल आठ गो गाना बाड़ी सँ आ आठो लाजवाब. एही फिलिम से नया अभिनेता राहुल सिंह के भोजपुरी परदा पर उतारल जात बा. उनुका साथे अभिनेत्री कल्पना शाह के जोड़ी के रोमाटिंक दृश्य दर्शकन के खींच ले आई.

निर्माता बी. के. सिन्हा, निर्देशक आकाश योगी, संवाद एवं पटकथा आलोक रंजन, संगीतकार अशोक घायल, गीताकर बी. के. सिन्हा, कैमरामैन महेन्द्र पटेल, नृत्य निर्देशक संयज कोरवे, फाईट मास्टर सिंग इज़ किंज.

मुख्य कलाकार – कुणाल सिंह, कल्पना शाह, विक्रांत सिंह, निकिता, भोला यादवेन्दू, रूपा सिंह, प्रिति सिंघानिया, आर. नरेन्द्र, हरि शरण, आनंद मोहन, राहुल सिंह, प्रेम संथालिया आ अउरी लोग.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts