कोई लाख करे चतुराई, करम के लेख मिटे ना रे भाई

DayashankarSingh
काल्हु भइल यूपी विधान परिषद का चुनाव में बेंग एने से ओने कुदलें स जरुर बाकिर आखिर में उहे भइल जवन होखे के रहे. भाजपा दोसरा दल के विधायकन के तूड़े में सफल त जरुरे रहल बाकिर ओकरो कुछ विधायक पलटी मार दिहलें. परिणाम इहे रहल कि ओकरा 8 गो वोट के फायदा होखला का बावजूद ओकर दोसर उमीदवार दयाशंकर सिंह जीत ना पवलें. कांग्रेस के उमीदवारो के जरुरत भर वोट ना मिलल तबहियों दयाशंकर सिंह से 1 वोट अधिका रहला का चलते ओकर जीत हो गइल.

दयाशंकर सिंह पिछलको चुनाव में भाजपा के अधिकवा उमीदवार रहलन आ हार गइल रहलन.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।