खबर भोजपुरी में (अतवार, 11 जनवरी 2015)

(शनिचर, 10 जनवरी के खबर)
NaMo-with-dignitaries-GlobalGujaratSummit-15

  • वीडियो कांफ्रेंसिग का जरिए देश भर के उपराज्‍यपालन के दिहल नया साल के सनेस में राष्‍ट्रपति देश के भितरी आ बाहरी सुरक्षा आ भौगोलिक अखंडता सुनिश्चित करे खातिर हर संभव उपाय करे के सलाह दिहलन. कहलन कि तीस बरीस बाद देश में पूा बहुमत वाली सरकार के शासन आइल बा. एह सरकर के शुरू कइल हर योजना, जइसे कि स्‍वच्‍छ भारत मिशन, सांसद आदर्श ग्राम योजना, प्रधानमंत्री जनधन योजना, मेक इन इंडिया अभियान आ डिजिटल इंडिया कार्यक्रम, के सफल बनावे ला राज्यपालो लोग के कुशल नेतृत्‍व आ सौम्‍य प्रभाव जरूरी बा.
  • पीएम मोदी शनिचर का दिने दिल्ली में होखेवाला विधानसभा चुनाव खातिर अपना राजनीतिक गोल भाजपा के चुनाव प्रचार के शुरुआत करत कहलन कि भाजपा के सरकार दिल्ली वालन के निर्बाध बिजली आ सबका के आवास दिवाई. कहलन कि अराजकतावादी होखे के दावा करे वाला नेतवन के जगहा दिल्ली में ना, जंगल बीच नक्सलियन में होखे के चाहीं.
  • जनता परिवार के राजनीतिक गोलन पर काबिज होखे के आपन योजना के आगे बढ़ावत सपा नेता मुलायम सिंह यादव शनिचर का दिने जदयू आ राजद के नेता लोगन से बातचीत क‎इलन. बाकिर अबले नयका गोल के नाम, झंडा आ चुनाव चिह्न का बारे में समझौता होखत नइखे लउकल. हालांकि नीतीश कुमार कहलन कि सगरी गोलन के एके में फेंटे के काम सही दिशा में बढ़त बावे.
  • श्रीलंका के नयका चुनाइल राष्‍ट्रपति मैत्रिपाल सिरिसेना के पहिलका सरकारी यात्रा भारत के होखी. एह बात के जानकारी उनकर निकट सहयोगी रजिता सेनारत्‍ने दिहले बाड़न. कहलन कि सिरिसेना भारत के प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी के नेवता सकार लिहले बाड़न.
  • रेल मंत्री सुरेश प्रभु महाराष्‍ट्र के सिन्‍धुदुर्ग जिला के मालवान में एगो जनसभा सम्‍बोधित करत कहलन कि चीन के सीमा ले भारतीय रेल के विस्‍तार से दुनू देश के व्‍यापारिक संबंध पोढ़ होखी. इहे सोच कि चीन के सीमा से लागल इलाका में चार गो महत्‍वपूर्ण रेल लाइन बिछावे के फैसला लिहल गइल बा.
  • ऑस्‍ट्रेलिया आ भारत का बीच चउथा टेस्‍ट बरोबरी पर छूटला का साथही आस्ट्रेलिया एह सीरीज के 2-0 से जीत लिहलसि. आखिरी दिने 349 रन के निशान छूए का कोशिश में सात विकेट गवाँ के महज 252 रन बना पवलस.
  • उत्‍तर प्रदेश मे गलन वाला जाड़ के दौर जारी बा. अगर बहुते जरूरी ना भइल त दिन भर जाड़ का चलते लोग घर से बाहर ना निकलल. 14 जनवरी ले सगरी स्कूल काॅलेज बन्द क दिहल गइल बा.
  • वाराणसी में अस्सी से राजघाट का बीच गंगा रिवर फ्रंट बनावे खातिर सर्वे के काम शुरू हो गइल बा. एह योजना में घाट किनारे मंदिरन, मठन आ ऐतिहासिक मकानन खातिर प्रोजेक्ट बनावल जात बा. घाट पर श्रद्धालुअन आ पर्यटकन ला नया सुविधा बढ़ावल जाई आ काशी के पहचान का अनुरूप पण्डा, पुजारियन, आ पुरोहितन के बइठे के इंतजाम रही.
  • इलाहाबाद जिला प्रशासन संगम तट पर चलत माघ मेला में रहे वाला साधु, संतों आ कल्पवासियन के भरोसा दिहले बिया कि मकर संक्रांति का दिन ले गंगा नदी में भरपूर पानी आ जाई. नहान का दिनन पर पूरा पानी आवे के व्यवस्था राखल जाई.
  • वाराणसी आ आगरा आवे वाली उड़ान के ईधन पर लागे वाला वैट 21 फीसदी से घटा के 4 फीसदी क दिहल गइल बा. ई कटौती रोजाना के नियमित उड़ानन का साथही चार्टर्ड विमानो के दिहल जाई.
  • बिहार में मुख्यमंत्री पद ला चलत चरचा का बीचे मुख्यमंत्री जीतन राम माँझी पीएम मोदी के बड़ाई करत कहलन कि मोदी जी गरीबन के भलाई ला काम करीलें आ हमरा से बढ़ के गरीब के होई.
  • पटना समेत पूरा बिहर ठिठुरन का जद में बा. पछुआ हवा का चलते गलन आ कनकनी अउरी बढ़ गइल बा. अगिला दू दिन ले अइसने मौसम बने रहे के अनेसा जतावल गइल बा.

0 Comments