खबर भोजपुरी में (अतवार, 17 मई 2015)
  • चीन के तीन दिन के यात्रा पूरा कर के पीएम नरेन्द्र मोदी मंगोलिया के राजधानी उलान बटोर चहुँप गइलन. कवनो भारतीय प्रधानमंत्री पहिला बेर मंगोलिया के दौरा पर गइल बाड़न. मंगोलिया के लोकतंत्र आपन 25 बरीस पूरा होखे के जलसा मनावत बिया आ एहिजा पीएम नरेंद्र मोदी संसद के संबोधित करीहें. एक साल का भितरे पूरा दुनिया के कूटनीतिक माहौल में भारत के महत्व तेजी से बढ़ल बा आ पूरा दुनिया भारत के गंभीरता से सुने लागल बा. चीन में भारतीय समुदाय के संबोधित करत मोदी अपना विदेश यात्रा का बारे में बतवलन कि तीस साल बाद भारत में बनल बहुमत वाली सरकार के मुखिया का नाते अबहीं विदेश अइला पर लोग अधिका धियान देला. तीन चार साल बाद अइतन त अगिला चुनाव का चलते विदेशी सरकारन के लागीत कि पता ना अगिला चुनाव में का होखी आ के प्रधानमंत्री बनी.
  • सत्ता के नशा से पगलाइल दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल अब ओहिजा के उपराज्यपाल से पंगा ले लिहले बाड़न. एह झगड़ा ले के अब ऊ राष्ट्रपति से मिले खातिर समय मंगले बाड़न. केजरीवाल के पते नइखे कि दिल्ली के मुख्यमंत्री दोसरा राज्यन के मुख्यमंत्री का तरह ना होखे आ ओहिजा ओकरा बहुते कम अधिकार मिलल बा. केजरीवाल के रहन देख अब इहे लागत बा कि नियम कानून बनावे वाला लोग बहुते बढ़िया कइले रहुवे. अगर दिल्ली के पूरा राज्य के दर्जा मिल गइल रहीत त सत्ता मद में पगलाइल केजरीवाल पूरा देश के परेशान तबाह करे में लाग जाइत. तब संसद से लेके पूरा केन्द्र सरकार के कार्यालयन पर हुकुम चलावे के कोशिश में लाग जाइत केजरीवाल.
  • चार दिन बादे एक बेर फेरू भूकंप से कांपल यूपी बिहार आ बंगाल. शनिचर के साँझ करीब पाँच बजे आइल एह भूकंप के केन्द्र नेपाल के रामेछाप में रहुवे आ एकर ताकत 5.7 के. एह भूकंप से बिहार में चार आदमी के मौत होखे के खबर बा.
  • बिहार सरकार प्रतियोगिता परीक्षा खातिर महिला प्रतिभागियन के तइयारी करावे के योजना बनवले बिया. एकर जानकारी बिहार राज्य महिला विकास निगम के प्रबंध निदेशक इमामुद्दीन अहमद शनिचर का दिने दिहलन. कहलन कि बहुते महिला अभाव का चलते प्रतियोगिता परीक्षा के तइयारी ना करस एह से ई काम करे के तय भइल बा.
  • पटना के जीपीओ में एटीम आ कोर बैंकिंग के उद्घाटन करत केंद्रीय संचार आ सूचना प्रौद्योगिकी मंत्री रविशंकर प्रसाद शनिचर का दिने कहलन कि छह महीना का भितरे बिहार के सगरी पोस्ट आफिसन के आन लाइन करा दीहल जाई जेहसे लोग के पइसा जमा करे भा निकाले में सहुलियत होखी.
  • उत्तर प्रदेश सरकार छोटका शहरन में क्रोएशिया के मदद से ट्राम सेवा शुरु कर सकेले. ई बात क्रोएशिया के राजदूत आमिर मोहर्रमी बियफे का दिने मुख्यमंत्री अखिलेश यादव से बतियवला का बाद बतवलें.
  • अमरीकी रक्षा मंत्री एश्टन कार्टर बतवले बाड़न कि सीरिया में विशेष अमरीकी बल के कार्रवाई में इस्लामिक स्टेट के एगो बड़हन आतंकी सरगना के मार दीहल गइल बा. एह सरगना के नाम अबु सयाफ़ बतावल जात बा जवन पूरबी सीरिया में इस्लामिक स्टेट के तेल व्यापार देखत रहुवे. ओकरा बीबी के हिरासत में ले लीहल गइल बा.
  • आईपीएल के मैच में शनिचरा का दिने राजस्थान रॉयल्स 9 रन से कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा दिहलसि आ प्ले आॅफ में जगह बना लिहलसि. एगो दोसर मैच में चेन्नई सुपर किंग्स पंजाब के किंग्स इलेवन के हरा दिहलसि.
  • फेसबुक के सीईओ मार्क जकरबर्ग अपना पोस्ट में भारत के गलत नक्शा डललन बाकिर बाद में विवाद बढ़ला पर ओह पोस्ट के अपना वाल पर से हटा लिहलन.
  • शनिचर का दिने अपना सरकारी डेरा पर दू गो फिल्म सिटी ला एमओयू साइन करत घरी मुख्यमंत्री दावा कइलन कि बिना यूपी वालन के कुछउ हिट ना होखे. कहलन कि कोशिश कइल जात बा कि यूपी के लोग सिनेमा देखो. अबहीं बहुते कम लोग सिनेमा देखे जात बा.
  • मिस्र के एगो अदालत ओहिजा के राष्ट्रपति रहल मोहम्मद मोर्सी के फाँसी के सजा सुना दिहलसि. साल 2011 के एह मामिला में एक सौ से बेसी लोग के फाँसी के सजा सुनावल गइल बा.

0 Comments