(अतवार, 11 जनवरी के खबर)
- गांधीनगर में 7वाँ वाइब्रेंट गुजरात वैश्विक निवेशक सम्मेलन-2015 के उद्घाटन करत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी लगातार आ समहर विकास पर जोर दिहलन. कहलन कि एही से दुनिया के अर्थव्यवस्था में आवत उतार-चढ़ाव से निबटल जा सकी. कहलन कि सरकार पूरा कोशिश करत बिया कि भारत में व्यापर करल आसान हो सके.
एह मौका पर विश्व बैंक के अध्यक्ष जिम योंग किम कहलन कि भारत में समहर विकास खातिर टैक्स आ सब्सिडी के सिस्टम में सुधार करे के जरूरत बा. - दिल्ली के मतदाता सूची में सवा लाख के करीब नाम फर्जी मिलल बा. एहमें से 89000 नाम हटावल जा चुकल बा.
- कर्नाटक पुलिस शनिचर के रात इंडियन मुजाहिद्दीन के आतंकवादी रियाज अहमद के मंगलूरू से गिरफ्तार क लिहलस जब ऊ दुबई रवाना होखे वाला रहुवे. एकरा पहिले तीन गो मुजाहिदन के पहिलही गिरफ्तार क लिहल गइल बा.
- एगो कारोबारी से घूस लेबे का मामिला में ओह कारोबारी समेत आयकर के एगो ज्वायंट कमिश्नर आ दू गो चार्टर्ड एकाउंटटेंटन के गिरफ्तार क लिहलसि सीबीआई. कारोबारी टैक्स में राहत लेबे खातिर चार्टर्ड एकाउंटटेंटन के बिचौलिया बना के ओह ज्वांयट कमिश्नर से सौदा कइले रहुवे.
- श्रीलंका में राष्ट्रपति चुना के आइल मैत्रीपाला सिरिसेना के श्रीलंका फ्रीडम पार्टी के अध्यक्ष चुन लिहल गइल. पार्टी के केन्द्रीय समिति अपना बइठक में राष्ट्रपति रहल महिन्दा राजपक्षे के एह पद से हटा दिहलस. राजपक्षे अपना दिन में मैत्रीपाला के पार्टी से निकाल दिहले रहुवन. फ्रीडम पार्टी के नयका महासचिव दुमिंदा दिशानायक कहलन कि श्रीलंका के कानून के हिसाब से सरकार में माथ पद पर रहे वाला आदमी अपने आपन पार्टी के मुखिया हो जाला. राष्ट्रपति मैत्रिपाला सिरिसेना संसद में सगरी गोल के सरकार में शामिल होखे के नेवता दिहले बाड़न जेहसे कि सौ दिन भितरे संविधान में बदलाव कइल जा सके.
- शनिचर का दिने फ्रांस का राजधानी पेरिस में आतंकवाद का खिलाफ भइल एगो ऐतिहासिक प्रदर्शन में लाखों लोग शामिल भइल. ई रैली कार्टून पत्रिका कार्यालय पर इस्लामी आतंकवादियन के हमला में मारल गइल 17 लोग के सम्मान में बोलावल रहे.
- जर्मनी में हैमबर्ग के एगो अखबार हैमबर्ग मॉर्निंग पोस्ट के कार्यालय में आग लगा दिहल गइल. एह अखबार में फ्रांस के कार्टून पत्रिका शार्ली एब्दो के कार्टून छापल गइल रहे आ ओह लोग के आपन समर्थन दिहल गइल रहे. एह आगलगी में केहू घवाहिल नइखे भइल. जंगला का बाहर से जरत सामान फेंक के आग लगावल गइल रहे जवना के तुरते बुता दिहल गइल बाकिर तब ले दू गो कमरा में नुकसान हो चुकल रहे.
- इंडोनेशिया के ओह जहाज के ब्लैक बॉक्स मिल गइल बा जवन समुद्र में गिर गइल रहे. बाकिर ब्लैक बॉक्स मलबा के टुकड़न का बीचे फंसल बा आ ओकरा के अलग क के निकाले के कोशिश कइल जाई.
- पाकिस्तान में कराची का लगे एगो बस आ तेल टैंकर के टक्कर से 62 लोग मर गइल आ अनेके लोग घवाहिल हो गइल. बस कराची से शिकारपुर जात रहे.
- बेंगलुरू फुटबॉल क्लब आज मडगांव में खेलल फाइनल मैच में डेम्पो फुटबॉल क्लब के 2-1 से हरा के फेडरेशन कप फुटबॉल टूर्नामेंट के खिताब जीत लिहलस.
- केन्द्र सरकार के डिजिटल इण्डिया अभियान का तहत उत्तर प्रदेष के पांच सौ अड़तालिस गो विकास खण्ड इंटरनेट के थ्री जी सेवा से जुड़ जाई. ग्राम पंचायत स्तर ले इंटरनेट
सेवा शुरु करे के काम तेजी से होखत बा. बी.एस.एन.एल. सगरी ग्राम पंचायतन के ऑप्टिकल फाइबर केबिल बिछा के इंटरनेट सेवा से जोड़े के काम करे में लागल बिया. - यूपी सरकार चाहत बिया कि राज्य के छह गो अउरी जिला – मथुरा, अलीगढ़, हाथरस, बिजनौर, मुजफ्फरनगर आ शामली – के एन.सी.आर से जोड़ दिहल जाव.
- अतवार के भर दिन घाम के दर्शन ना भइल आ गलन आ कनकनी वाला जाड़ का चलते जनजीवन परेशान रहल.
- मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी अतवार का दिने सचिवालय में बिहार के अनुसूचित जाति आ जनजातियन के अधिकारियन संगे बइठक कइले बाकिर एकर कवनो जानकारी ना दिहल गइल. कहल गइल कि ई गोपनीय बइठक रहे.
- केन्द्र सरकार पर विफलता के आरोप लगावत जदयू, राजद, आ कांग्रेस के विधायक पटना में जेपी का मूर्ति लगे धरना दिहलन. एह धरना में राजद आ कांग्रेस के अनेके विधायक शामिल ना भइलें. कांग्रेस से त बस सदानन्द सिंह अकेले शामिल भइलन. एहसे लागत बा कि ‘महागठबन्हन’ बने में दिक्कत आइल बा.
- बिहार विधानसभा चुनाव का बारे में योजना बनावे खातिर अतवार का दिने नई दिल्ली में भाजपा के बइठक भइल जवना में राष्ट्रीय अध्यक्ष अमित शाह संगे केन्द्रीय मंत्रिमंडल के सदस्यन समेत सुशील कुमार मोदी, नंदकिशोर यादव, मंगल पांडेय, शाहनवाज हुसैन समेत अनेके नेता शामिल भइले.
- रोहतास जिला के दिनारा इलाका में रूपैहिया पुल का नियरा एगो ठीकेदार से एक करोड़ रुपिया के लेवी माँगे चहुँपल तीन गो अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार क लिहल गइल.
0 Comments