गजपति राजू आ वाई. एस. चौधरी आजु बियफे का दिने केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दीहें


नयी दिल्ली/अमरावती 07 मार्च (वार्ता). आंध्र प्रदेश के मुख्यमंत्री आ तेलुगू देशम पार्टी के अध्यक्ष एन. चंद्रबाबू नायडू अपना राज्य के विशेष श्रेणी के दर्जा ना मिलला से नाराज हो के केंद्रीय मंत्रिमंडल आ राजग गठबन्हन से अलगा होखे के फैसला क लिहले बाड़न.

नायडू काल्हु देर रात अमरावती में एलान कइलें कि उनुकर दू गो केंद्रीय मंत्री – नागरिक विमानन मंत्री पी. अशोक गजपति राजू अउर विज्ञान आ प्रौद्योगिकी राज्य मंत्री वाई. एस. चौधरी – काल्हु इस्तीफा दे दीहें. कहलन कि केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के बेतुका बयान सा उनुका बहुते दुख पहुँचल बा आ एह होलात में ऊ अइसन फैसला कइले बाड़न.

जाने जोग बा कि अरुण जेटली कहले रहलें कि केंद्र सरकार आंध्र प्रदेश के विभाजन से पहिले तय कइल गइल हर शर्त पूरा कइल चाहत बिया बाकिर सब कुछ संविधान के दायरे में होखी.
आंध्र प्रदेश के विशेष श्रेणी के दर्जा दिहला का बजाय विशेष पैकैज देबे के केंद्रीय वित्त मंत्री अरुण जेटली के बयान के कुछेके घंटा बाद नायडू मंत्रिमंडल से अलगा होखे के एलान क दिहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..