छात्र पुलिस पर पथराव कइले

बलिया 25 अक्टूबर (वार्ता) बलिया जिला मे शहर कोतवाल के हटावे के माँग करत छात्र पुलिस पर पथराव कइले आ रोडवेज के एगो बस मे आग लगा दिहले. एकरा बाद पुलिस दस गो उपद्रवी छात्रन के गिरफतार क लिहलसि.

पुलिस अधीक्षक रामबाबू सिंह बतवले कि टी डी कालेज के छात्र ई मांग को लेके चौराहे पर प्रदर्शन करत रहले आ अचानके उग्र होके पुलिस पर पथराव करे लगले.

एकरा बाद पुलिस लाठी भाँझ के ओह लोग के खदेड़लसि त छात्र बस अड्डा जा के एगो मिनी बस मे आग लगा दिहले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।