जौनपुर सड़क हादसा में बीमार बाप के मौत, बेटा घवाहिल


जौनपुर, 25 अप्रैल (वार्ता). जौनपुर के खुटहन इलाका में आजु दू गो मोटरसाइकिलन के टक्कर में एक आदमी के जान चल गइल आ ओकर बेटा घवाहिल हो गइल.
पुलिस के कहना बा कि सरायख्वाजा इलाका के जमीन बस्ती गांव के रामउजागिर अपना बीमार पिता बलजोर यादव के मोटरसाइकिल से दवा करावे खेतासराय जात रहुवे जब धमौर गांव का लगे कलापुर मोड़ पर दुनु के आमने सामने टक्कर हो गइल. एह टक्कर से बाप बेटा घवाहिल हो गइलें आ अस्पताल जाए पहुँचे से पहिलहीं बाप के मौत हो गइल. रामउजागिर के जिला अस्पताल रेफर क दिहल गइल बा.
दोसरका मोटरसाइकिल सवार सरायख्वाजा के रहे वाला संतोष कुमार के हिरासत में ले लीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..