ज्वालामंडी के निकहा शुरुआत मिलल
-

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फिलिम “ज्वालामंडी एक प्रेम कहानी” के बिहार में निकहा शुरुआत मिलल बा. निर्माता राजू सिंह आ निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिल्म में रवि किशन एगो मजबूर प्रेमी के भूमिका में बाड़न जे एगो कोठा मालकिन ज्वाला बाई के चंगुल में फंसल अपना प्रेमिका के ओहिजा से छुड़ावे का फेर में लागल बाड़ें.

फिल्म में लवी रोहतगी, विजय आ ब्रिजेश त्रिपाठी के भूमिका सराहल जात बा. रवि किशन आ रानी चटर्जी के प्रेम प्रसंग आ किन्नर के भूमिका निभावत अवधेश मिश्रा के खतरनाक अंदाज़ सबका भावत बा. निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि कलाकारन के शानदार अभिनय का चलते फिलिम के सफलता खातिर उनुका पहिलही से पूरा भरोसा रहल.

ज्वालाबाई के किरदार के अपना फ़िल्मी कैरियर के सबले बढ़िया किरदार माने वाला अवधेश मिश्रा दर्शकन से मिलत गारी से गदगद बाड़न.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts