
उत्तर प्रदेश फिल्म विकास परिषद के अध्यक्ष राजू श्रीवास्तव प्रदेश सरकार से गोहार लगवले बाड़न कि कोविड महामारी से काम ठप्प पड़ला का चलते फिल्म आ यीवी इंढस्ट्री से जुड़ल लोग भूखमरी का कगार पर चहुँप गइल बा. जरुरत बा कि सरकार एह लोग के आर्थिक सहायता करे कि ई लोग एह संकट से सही सलामत निकल सको. एह विषय पर जल्दी काम करे के जरुरत बा.
आजमगढ़ पुलिस निजामाबाद इलाका से परसहां रेलवे क्रासिंग का तरफ से आवत तीन गो इनामी अपराधियन के असलहा समेत गिरफ्तार कर लिपलसि. एहनी का गिरफ्तारी पर पचीस पचीस हजार के इनाम राखल रहुवे.
बलिया के फेफना इलाका में कुछ दिन पहिले भइल पत्रकार रतन सिंह का हत्या मामिला में फरार चलत तीन गो अपराधिचन के शनिचर का दिने बंधेता गेट का नियरा से गिरफ्तार कर लिहलसि.
कौशांबी जिला के सलाहपुर चौकी का लगे का एगो गाँव में शुक का राति मैदाने गइल एगो लडि़की से ओही गाँव के दू गो बदमाश बलात्कार क डललें. दुनू पहिलहीं से घात लगवले रहलें.
कुशीनगर के पटहेरवा इलाका में दू तरफा मारपीट में लौ जने घवाहिल हो गइलें.
प्रयागराज जिला के धूमनगंज इलाका के आदर्श क़लोनी में रहत एगो नवही अपना कोठरी में फाँसी लगा के आत्महत्या कर लिहलसि, एगो दोसरा खबर में फूलपुर इलाका में भइल ओगो सड़क हादसा में मोटरसाइकिल से जात एगो नवही के मौत हो गइल आ पीछे बइठल बाप घवाहिल हो गइलें.
वाराणसी के रोहनियां इलाका में भइल एगो सड़क हादसा में एगो ट्रक चालक नवही के मौत हो गइल. मरे वाला चंदौली जिला के रहुवे. बतावल जात बा कि सड़क पर चेकिंग चलत रहुवे जवना चलते ऊ ट्रक से उतरल रहुवे आ एगो वाहन ओकरा के कचार दिहलसि.
एगो दोसरा खबर में रोहनिये इलाका के एगो कच्चा मकान ढहला का चलते एक आदमी के मौत हो गइल आ तीन जने घवाहिल हो गइलें.
मिर्जापुर जिला के चुनार इलाका के नुनौटी गाँव में एगो लड़िका बंधा में डूब गइल. बाद में ओकर लाश बंधा से निकालल गइल. एगो दोसरा खबर में अहरौरा इलाका के खाजगीपुर गाँव में अपना घर में सूतल एगो आदमी के हत्या क दिहलें घर में घुसल अपराधी.
भदोही जिला के चौरी इलाका के अर्जुनपुर गाँव का पोखरा में डूबत अपना लड़िका के बचावे ला महतारी कूद पड़ल बाकिर उहो डूब गइल.
गोंडा जिला के मोतीगंज थाना पर तैनात एगो महिला पुलिस कर्मी के मौत संदिग्छ हालात में हो गइल. बलिया के रहे वाली एह पुलिसकर्मी के शनिचर भोरे अचानक तबियत बिगड़ गइल. पड़ोसी ओकरा के अस्पताल ले गइलें जहाँ ओकरा के मरल पहुँचल बता दिहलें डॉक्टर.
गोरखपुर के बांसगांव इलाका के कौड़ीराम कस्बा में एगो ब्यूटी पार्लर में गोला इलाका के भूपगढ़ गाँव के एगो आदमी करंय लगला से मर गइल. मामिला में कुछ महकत बा.
बेतिया पुलिस केन्द्र पर तेनात एगो पुलिसकर्मी के मौत शनिचर का दिने पश्चिम चंपारण के मझौलिया इलाका में सड़क हादसा में हो गइल जब उनका स्कूटी के एगो अज्ञात वाहन धक्का मार के भाग गइल.
सारण जिला के दाउदपुर इलाका के पिपरहियां गांव के एगो बूढ़ के मौत सड़क हादसा में हो गइल. ऊ पैचल आवत रहलें जब एगो वाहन उनुका के धक्का मारत भाग गइल.एगो दोसरा खबर में बतावल गइल बा कि तरैयां इलाका के भलुआभिखारी गाँव के एगो लडिका बाढ़ का पानी में डूब गइल.
बक्सर जिला के जासो गाँव का लगे रेल पटरी का किनारे से एगो नवही के लाश बरामद भइल बा. लाश देख के लागत बा कि ओकर गरदन रेत के मारल गइल बा आ बाद में लाश रेल पटरी का लगे फेंकल गइल बा.
मुकेश अंबानी के रिलायंस ग्रुप 24713 करोड़ रुपिया में फ्यूचर ग्रूप के रिटेल बिजनेस खरीद लिहलसि. एहसे रिलायंस के खुदरा व्यापार के बिजनेस में मजबूती आई.
निर्माता रॉनी स्क्रूवाला के फिलिम तेजस के शूटिंग दिसंबर से शुरु होखे के खबर बा. एह फिलिम में कंगना राणावत एगो पायलट के मुख्य भूमिका में बाड़ी. जाने जोग बा कि सुशान्त सिंह राजपूत के हत्या बतावल जात मामिला में कंगना राणावत ब़़लीवुड माफिया का खिलाफ आवाज उठा के ओकरा निशाना पर आ गइल बाड़ी. ऊ अपना जान पर खतरा बतवले बाड़ी आ पुलिस से सुरक्षा मंगले बाड़ी.
सुप्रीम कोर्ट के वकील प्रशांत भूषण के सोमार का दिने अदालत के अवमानना करे का अपराध में सजा सुनावल जाई.
0 Comments