टटका खबर, 04 अक्टूबर 2014, शनिचर

बिहार आ यूपी के खबर –

  • उत्तर प्रदेश के भदोही जिला में शुक का सँझिया मूर्ति भसावन ले के तब हिंसा भड़क गइल जब पुलिस जौनपुर आ भदोही के मूर्तियन के औराई के उगापुर में गंगा में दहवाए से रोके के कोशिश कइलसि.
  • उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ में शनिचर का दुपहरिया मूर्ति भसावे जात घरी बांस हाईटेशन तार से छूआ गइला से जुलूस में करंट पसर गइल आ एगो औरत के मौत हो गइल. सतरह आदमी झउँसल हाल में अस्पताल में भरती करावल गइले.
  • अल्पसंख्यक मामिलात के केंद्रीय मंत्री डॉ. नजमा हेपतुल्ला एह साल बकरीद ना मनइहें काहे कि जम्मू कश्मीर में बड़हन बरबादी आ पटना में दशहरा का दिने भइल भगदड़ में 33 लोग मर गइल बा.
  • उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव इंचियोन एशियाई खेल में स्वर्ण पदक विजेता महिला 4 गुणा 400 मीटर रिले टीम के सदस्या प्रियंका आ पुरुष हॉकी टीम के सदस्य दानिश के 30-30 लाख रुपिया इनाम देबे के एलान कइलन.

आरा, बलिया, छपरा, देवरिया, सिवान, गोपालगंज. सासाराम, रोहतास, बक्सर, कैमूर, पूर्वी चंपारण, पश्चिमी चंपारण, गाजीपुर, मऊ, गोरखपुर, चंदौली, भदोही, वाराणसी, मोतिहारी, बेतिया, जौनपुर वगैरह भोजपुरिया इलाका के खबर भोजपुरी में.


टटको में टटका आज के खबर पढ़ीं…..

0 Comments