डर्मी कूल के तारीफ करत मनोज तिवारी

ManojTiwariKiPaniPuriजब सलमान खान झंडू बाम भा फेवीकोल से सट सकेलें त मनोज तिवारी केकरा से कम हउवें. अब मनोजो तिवारी डर्मी कूल लगावे लागल बाड़न. अपना नयका एलबम में मनोज तिवारी एगो गाना डललें बाड़न ‘तेरी गर्मी दूर करूंगा डर्मी कूल से’ बाकिर एह बात के जबाब नइखन देत कि एह ला कंपनी से अनुमति लिहले बाड़न कि ना. याद करीं कि बिना अनुमति गाना में झंडू बाम जोड़ला ला कतना बवाल भइल रहे. बाद में अनुमति लेबे के पड़ल रहे.

‘हमरी पानी पूरी’ के एह गाना ‘तेरी गर्मी दूर करूंगा डर्मी कूल से’ पर बढ़िया वीडियो फिलिमावल गइल बा. एह मस्तमौला गाना के खुद तिवारी गवले बाड़न. एलबम जारी भइल बा टी-सीरीज से. एह एलबम में पाकिस्तानी एक्ट्रेस आयशा आ मोनालिसा संगे मनोज तिवारी के डांस जलवा देखावल गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।