नमो के पोस्टर हटवला से भाजपा कार्यकर्ता नाराज

पटना 25 अक्टूबर (वार्ता) भाजपा. के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार नरेन्द्र मोदी के बिहार आवे का बारे में राजधानी पटना मे लगावल पोस्टर आ होर्डिग के आज हटा दिहला से पार्टी कार्यकर्ता बहुते नाराज बाड़े.

बिहार सरकार में मंत्री रहल आ पार्टी के बड़ नेता गिरिराज सिंह आरोप लगवले कि राज्य सरकार के इशारा पर आर ब्लॉक, आयकर चौराहा, आ र हवाई अड्डा का नियरा लगावल होर्डिग आ पोस्टर हटा दीहल गइल. कहलन कि जनता सब देखत बिया आ समय अइला पर एकर सही जवाब दीहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..