नोएडा किसान आन्दोलन तीन महीना ले रोकल गइल

काल्हु नोएडा भुमि अधिग्रहण से प्रभावित किसान आ नोएडा के सीईओ बलविन्दर कुमार का बीचे भइल बातचीत का बाद किसान आपन आन्दोलन तीन महीना ले रोक दिहले. किसानन के तीन गो माँग मान लिहल गइल बा मुआविजा बढ़ावे के माँग छोड़ के. अब प्रशासन विस्थापित लोग के अस्थायी बस्तियन के नियमित कर दी आ विकसित भूखण्ड के कुछ हिस्सा जमीन मालिकन के दिहल जाई. कहल गइल बा तीस अगस्त से पहिले पन्द्ह गाँवन में विकसित भूखण्ड दे दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।