पर्यटन बढावे खातिर वाराणसी में रोड शो
-

वाराणसी 25 अक्टूबर (वार्ता) ओडिशा में पर्यटन बढावे खातिर ओडिशा सरकार के पर्यटन विभाग धार्मिक नगरी वाराणसी मे आपन पहिला रोड शो कइलसि.

औडिशा पर्यटन विभाग के निदेशक आ अतिरिक्त सचिव एम आर पटनायक बतवले कि अइसने रोड शो अउरी जगहा पर कइल जाई. कहलन कि राज्य में पर्यटन बढावे खातिर ओडिशा सरकार पर्यटकन के आकर्षित करे ला तमाम सुविधा उपलब्ध करावत बिया.

कहलन कि भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण आ दोसर संस्थन के सहयोग से उदयगिरी, रत्नगिरी, आ ललितगिरी मे अगिला साल फरवरी मे तीन दिन के अंतर्राष्ट्रीय बौद्ध सम्मेलन आयोजित कइल जाई.

बतवलन कि केन्द्र के सहयोग से एगो स्पेशल रेलगाडी .महापरिनिर्वाण एक्सप्रेस 23 दिसम्बर के दिल्ली से रवाना होखी आ अनेके बौद्ध स्थल से गुजरत ओडिशा चहुँपी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts