प्यार में बागी बनली रानू

प्यार में आदमी आपन विवेक भुला देला, निमन बाउर, आपन पराया के समुझ प्यार का सोझा छोट हो जाले. भोजपुरी के नयी नवेली अदाकारा रानू पाण्डे का साथे कुछ अइसने भइल बा. भोजपुरी के एक्शन स्टार अजय दीक्षित से दिल लगाके ऊ बागी बन गइल बाड़ी आ अपना प्यार के हर हाल में पावल चाहत बाड़ी. कत्थक नृत्य में पारंगत रानू हाल ही में भोजपुरी फिल्म जगत में डेग धइले बाड़ी आ उनुकर पहिलका फिल्म ह डॉक्टर जे.एन.फिफ्टी सिस प्रोडक्शन अउर ए जे एम फिल्म्स व स्कूल डिविजन के प्रस्तुति फिल्म “बागी” जेकर निर्माता एआर.एस. सरकार, शकील खान आ मंसूर आज़मी हउवें. छोटका परदा के कई शो, जइसे कि रावण , सीआईडी वगैरह में जलवा बिखेर चुकल रानू एह फिल्म में अजय दीक्षित के प्रेमिका बनल बाड़ी. फिल्म में अजय मजदूरन के इन्साफ दिआवे खातिर बागी बनल बाड़े आ रानू के मकसद अपना प्रेमी के हर भूमिका में साथ निभावे के बा.
रानू बतावत बाड़ी कि बागी भोजपुरी के दोसरा फिलिमन के तरह नइखे काहे कि पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म में ईंट भट्ठा पर काम करे वाला मजदूरन के शोषण देखावल गइल बा. बहरहाल लखनऊ के एह शाहजादी खातिर “बागी” सिनेमा के केवाड़ खोल दिहले बा. खाली बागी के यूनिटे के लोग ना बलुक जेही एकर शो रील देखले बा सभे रानू के तारीफ के पुल बान्हत बा. फिल्म के दोसरा खास कलाकारन में विजय खरे, सीमा सिंह, श्रवण कुमार सक्सेना शामिल बाड़े. राज इन्द्र राज के मधुर संगीत से सजल एह फिल्म के गीतकार साहिल सुल्तानपुरी आ पवन मिश्रा हउवें. डॉ. अशोक जैन आ अनीता जैन द्वारा प्रस्तुत फिल्म “बागी” जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – उदय भगत)

0 Comments