बिहार के खबर

(बुध 28 सितम्बर)

  • किशनगंज जिला के पोठिया थाना के चनामना गाँव का लगे आजु बुध का सबेरे एगो टैंकर मालगाड़ी में आग लाग गइला से उनईस गो बॉयल टैंकर्स बोगी जर के राख हो गइल. बतावल जात बा कि रेलबोगी ड्रील भइला का चलते ओहसे चिंगारी निकले लागल जवना से आग लाग गइल. एह दुर्घटना से रेलवे के तीन करोड़ रुपिया के नुकसान भइल बतावल जात बा. आग बुतावे में छह घंटा लागल आ अबहीं ले ट्रैक खाली नइखे भइल. ओह रेल मार्ग पर फेर से परिचालन काल्हु दुपहरिया का बादे शुरू हो पाई. आजु सबेरे सात बजे से परिचालन ठप्प बा.
  • बिहार आ नेपाल में भइल भारी बरखा का चलते कई जगहा बाढ़ के हालात बन गइल बा. कोसी नदी के जलस्तर में आजु कुछ कमी आइल बा तबो सहरसा मानसी रेलखंड पर रेलमार्ग पर खतरा बनल बा जवना चलते रेलगाड़ियन के गँवे गँवे चलावे के कहल गइल बा. दरभंगा के जाले प्रखंड में खिरोई नदी पर बनल बन्धा टूटला का चलते करीब एक सौ गाँवन में बाढ़ के पानी घुस गइल बा. दरभंगा बैरगनिया रेलखंड पर परिचालन रोक दिहल गइल बा. मुजफ्फरपुर जिला में औराई कटरा का लगे लखनदेई नदी के बंधा कई जगहा टूट गइल बा. सीतामढ़ी मुजफ्फरपुर हाइवे पर यातायत रुक गइल बा. कैमूर जिला के दुर्गावती आ करमनासा नदी के पानी घटल बा.
  • दुरौंधा विधानसभा उपचुनाव खातिर मध्यप्रदेश कैडर के गणेश प्रसाद कबीरपंथी के प्रेक्षक बनावल गइल बा. पूरा क्षेत्र के इकइस सेक्टर में बाँट के हर सेक्टर में मजिस्ट्रेट तैनात कइल गइल बा. अबले एक हजार आठ सौ लोग पर धारा एक सौ सात के कार्यवाही कइल गइल बा.
  • निजी विद्यालयन के पंजीकरण अनिवार्य करावे वाला आदेश का खिलाफ बुध का दिने पटना समेत राज्य भर के निजी विद्यालय बंद रहली सँ.
  • गोपालगंज के कोचायकोट थाना के माधवभर गाँव का लगे एगो गाड़ी आ मोटर साइकिल के टक्कर में मनरेगा के परियोजना पदाधिकारी विनय कुमार सिंह आ शंभू कुमार के ओहिजे मौत हो गइल.
  • सारण जिला के अमनौर थाना के रसूलपुर में एगो औरत अपना तीन गो बच्चा का साथे खुदकुशी कर लिहलसि.
  • पश्चिम चंपारण के बेलसंडी उच्च विद्यालय के प्रधानाध्यापक मो॰ अशरफ हुसैन पर साइकिल आ छात्रवृति के धन गबन करे के आरोप लगावल गइल बा.
  • बेतिया राज परिसर से एगो आदमी के लाश बरामद भइल बा.
  • सिवान जिला के बसंतपुर थाना के राजापुर गाँव में मालती देवी नाम के एगो औरत के हत्या कर दिहल गइल बा.

0 Comments