बॉक्स ऑफिस पर निरहुआ के करिश्मा
-

सिनेमा भोजपुरी के जूबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के करिश्मा बॉक्स ऑफिस पर डग्गा पीटत बा. दूर्गा पूजा पर रिलीज निरहुआ के दू गो फिलिम ‘रिक्शावाला आई लव यू’ आ ‘एक दूजे के लिए’ मे दुनु के शानदार ओपनिंग मिलल.

निर्देशक अजय श्रीवास्तव आ निर्माता बिट्टु सरदार के ‘रिक्शावाला आई लव यू’ क बिहार आ यू.पी. में ऐतिहासिक कलेक्शन मिलल. बनारस के आनंद चित्र मंदिर में एक हफ्ता में 2,65000/-रू.के नेट कलेक्शन मिलल जवन एगो रिकार्ड बा. बिहार यूपी मिला के एकरा 70 लाख के नेट बिजनेस मिलल.

निर्माता अभय सिन्हा आ टी.पी. अग्रवाल के बनावल आ अनिल अजिताभ के निर्देशित फिलिम ‘एक दूजे के लिए’ के बिहार में रिलीज कइल गइल जहाँ पहिला हफ्ता में 50 लाख के नेट कलेक्शन मिलल. दूर्गा पूजा के नवमीं, दशमीं के फिलिम के एक्स्ट्रा-शोज सगरी रात चलत रहल.

पिछला छह साल से भोजपुरी सिनेमा के सरताज बनल निरहुआ अपना दुनु फिलिमन के सफलता से बहुते उत्साहित बाड़न.


(प्रशांत-निशांत)

1 Comment

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts