भगवान लालू के बुद्धि देसु
-

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार काल्हु पत्रकारन से बतियावत में कहले कि भगवान लालू के बुद्धि देसु. लालू के ई कहला पर कि ऊ अब जनता से पूछीहें कि उनुका के काहे हरवलसि नीतीश कहले कि जनता से पूछला से पहिले अपने से पूछसु कि जनता काहे हरवलसि. बिहार सरकार पर लालू के बयान के स्वागत करत नीतीश आ सुशील मोदी के कहना बा की लालू के चुप्पी टूटला से ऊ लोग राहत के साँस लिहले बा काहे कि लालू के चुप्पी से ओह लोग के नुकसान होत रहुवे. अब जब लालू के मुँह खुलल शुरु हो गइल बा त उनका हर बयान पर जनतो के याद आवत रही लालू राज के जमाना. ऊ बस एही तरह सरकार पर जहर उगिलत रहसु.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts