नयी दिल्ली 31 अक्टूबर (वार्ता) मध्यप्रदेश मे लगातार तिसरका बेर सत्ता मे आवे खातिर अपना तरकश के हर तीर आजमाए मे जुटल भाजपा अपना 147 उम्मीदवारन के सूची जारी क दिहलसि.
मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान अपना पुरानके सीट बुधनी से लड़ीहे. दू गो मंत्रियन के टिकट काटल गइल बा आ तीन गो सांसदन के विधानसभा चुनाव में उम्मीदवार बनावल गइल बा.
भाजपा महासचिव अनंत कुमार बतवले कि एह पहिला सूची में 24 गो नवही, 18 गो महिला, 19 गो अनुसूचित जाति आ 30 गो अनुसूचित जनजाति के उम्मीदवार बाड़े.
मध्य प्रदेश के सगरी 230 सीट पर एके दिने 25 नवम्बर के वोट डालल जाई.
0 Comments