भोजपुरी के नयका सितारा – अमित भारद्वाज
-

भोजपुरी फिल्म जगत का आसमान पर एगो नया सितारा जल्दिये चमके जा रहल बा एह डेल्ही बॉय का नाम ह अमित भारद्वाज. निर्माता शम्भू पाण्डेय के फिल्म दरोगा जी चोरी हो गइल से अमित भोजपुरिया दर्शकना का सोझा उतरे जा रहल बाड़े, एह फिलिम के मुहूर्त पिछला दिने मुंबई में करावल गइल. इओन फिल्म्स का बैनर में बनत एह फिलिम में अमित के साथ खेसारी लाल, विक्रांत सिंह, आनंद मोहन, सुजीत कुमार, शेला शर्मा, चंडी परेरा, संजय पाण्डेय, प्रीती चौहान, आ मेघा घोष मुख्य भूमिका में बावे लोग.

अमित के कहना बा कि अभिनय के शौक उनुका के मुंबई खीच ले आइल आ शम्भुनाथ पाण्डेय उनुका पर भरोसा करके अपना फिलिम में एगो महत्वपूर्ण भूमिका दे दिहले. गाड़ियन के शौक़ीन अमित के पूरा भरोसा बा कि भोजपुरिया दर्शक उनुका के जरूर पसंद करीहें. दरोगा जी चोरी हो गइल के संगीतकार अमन श्लोक आ गायक गायिका में अलका याग्निक, रितु पाठक, इंदु सोनाली, खेसारी लाल आ कल्पना शामिल बाड़ी. फिल्म के शूटिंग जल्दिये शुरू होखे वाला बा.


(स्रोत : उदय भगत)

1 Comment

  1. govind kevat

    sirf actor kahiye wah bhi film dekhne ke baad photo dekh kar nahi lagta hai ki e bhojpuri ke sitara hai

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts