आजु अँजोरिया के सफर के सात साल पूरा हो गइल आ एह मौका पर अँजोरिया अपना हर पाठक पाठिका, शुभचिन्तक, मित्र, अमित्र के अभिवादन करत बिया. रउरा लोग का सहयोग से ई सात साल कब आ कइसे गुजर गइल पते ना चलल.
नयका पाठक लोग के शायद ई बात पता ना होई कि अँजोरिया भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट हिय. एकर शुरुआत जब भइल रहे तब दू तीन गो साइट अंगरेजी में भोजपुरी पर जरुर रहे बाकिर फान्ट का लफड़ा का चलते केहू भोजपुरी में साइट चलावे के ना सोचले रहे. अँजोरिया ओह दौर से गुजरल फेर जब यूटीएफ फान्ट सुलभ हो गइल तब एकरा के अपनावे में तनिको देरी ना लगावल गइल. अब त पूरा दुनिया का हर कम्प्यूटर पर देवनागरी भा दुनिया के हर भाषा में साइट उपलब्ध बा बाकिर पहिलका होखे के उल्लास आ अनुभूति कुछ दोसरे होखेला.
अँजोरिया के दोसरका शुरुआती दिक्कत झेले के पड़ल नाम का चलते. भोजपुरी भा ओहसे मिलत जुलत नाम खोजल छोड़ हम एगो साहित्यिक नाम चुन लिहनी. बस एहिजे मार खा गइल अँजोरिया! एकरा लगे ना त तकनीकि ज्ञान रहे, ना कवनो समूह, ना मार्केटिंग के जानकारी. कबो केहू कवनो पुरस्कारो से ना नवाजल अँजोरिया के! वइसहूँ भोजपुरी में दोसरका के पुरस्कार बड़ा बेमने से दिहल जाला. अँजोरिया के आत्म संतोष अतने बा कि एकरा पुरस्कार के साधो ना रहल. हँ एक बात के अरमान जरुर रहल कि भोजपुरी खातिर काम करे वाला लोग एकरा के एगो पहचान जरुर देव, एकरा के आपने समुझो.
आशा बा कि भोजपुरिया समाज अँजोरिया के आपन प्यार दुलार देबे से वंचित ना राखी. आजु एही का साथे हम फेर रउरा सभ के अभिवादन करत बानी. एह मौका पर मशहूर भोजपुरी कवि मोती बी॰ए॰ के कविता उद्धरित करे से अपना के रोक नइखीं पावत…
अँजोरिया
मोती बी॰ए॰
जइसन अँजोरिया तोहार हे भइया
ओइसने अँजोरिया हमार ह….
झारल बहारल टिकुर आ चीकन
चन्नन छिरिकला से लागत बा नीमन
पूजा के चउका नियर बलिवेदी
आहुति से मँहके दुआरे ले आँगन.
जवन अँजोरिया तोहार हो भइया
ऊहे अँजोरिया हमार ह…
बड़हन तपेसवा से ई दिन भेंटाइल
नगर नगर गाँव गाँव नेवता दियाइल
सोहर आ झूमर आ कजरी गवाइल
आजु फेनु पोथी पुरनका खोलाइल
जवनि अछरिया तोहार हो भइया
ऊहे अछरिया हमार ह…
ईहे अछरिया नूं बरम्हा कहाला
सबके करमवा विधान बनि जाला
एक एक जिउवा के लागे ठेकाना
ई बाति कहला से कबो ना ओराला
जवन मँजिलिया तोहार हो भइया
ऊहे मँजिलिया हमार ह…
मिली जुलि अन्हरिया के होली जरवलीं
क्रान्ति के लुकारी सरेहे घुमवलीं
खून आ पसीना से लोना बनवली.
ओकरा प आँसू के दीया सजवलीं
जवन ललसवा तोहार हो भइया
ऊहे ललसवा हमार ह…
सब जाने हिलिमिल के घर ई उठवलीं
नइया के खेके किनारे लगवलीं
आदिकाल से हम चलत चलि अइलीं
पोसनी सपनवा आ धूनि रमवलीं
जइसन सपनवा तोहार हो भइया
ओइसने सपनवा हमार ह..
जइसन अँजोरिया तोहार हे भइया
ओइसने अँजोरिया हमार ह….
badhai ho.o.p singh aur anjoria parivar ko dher sari subh kamnae……bhojpuri cinema ko global banane me aapki bhumika awismaraniye hai……………….dher sari subkamnai……prashant-nishant aapka dil se abahri hai
O.P.Singh ji,
Pranam,
Aapke avem Anjoria.com ke sadhuvaad, hardik subhkaamna aa badhai, rau jaun sankalp lehele baani ohme nirantarta avem raur ekshashakti banal rahe ..ehe hamni ke Ishwar se anurodh ba…jaun ni-swartha seva raura bhojpuri khatir karat hain okar koti koti prasansha bhi kail ja ta kam ba. Aapke BANA aur BHAI Parivar ke aur punah hardik badhai auri asha ba varsh varshantar tak raura ke sanidhya hamman ke milat rahi.
Anjoria.com ke aaye wala varsh charmo-utkarsh ke hokhe…ehe manokamna ke saath…..
Aapke
Avinash Tripathi
Washington DC, USA
Co-Founder
Bhojpuri Association of India (BHAI)
Bhojpuri Association of North America (BANA)
http://www.BhojpuriIndia.org
http://www.bhojpuri.us
आदरनीय सम्पादक जी
अंजोरिया डोट कॉम
सब से पहीले अंजोरिया के अंजोर के सात साल के भोजपुरी के प्रति जस्बा के प्रणाम करत नया रूप रंग के संगे आठवा साल में प्रवेश कइला खातिर बहुत बहुत बधाई.. उम्मीद बा की अंजोरिया असही अपना राह पर एकाग्र हो के चलत रही आ अपना भोजपुरी के प्रति समर्पण खातिर प्रतिबद्ध रही..
राउरे अपन
पंकज प्रवीण
जइसन अँजोरिया तोहार हे भइया
ओइसने अँजोरिया हमार ह….
………………….
इ त भोजपुरी के सान ह भइया,
हम भोजपुरियन के आवाज ह भइया।।
माननीय संपादकजी,
सबसे पहिले बहुत-बहुत बधाई अँजोरिया के, आपके, अँजोरिया की पाठक अउर रचनाकार लोगीं के अउर साथे-साथे पूरा भोजपुरिया समाज के।
इ साइट सब भोजपुरियन के बहुत प्रिय बा अउर हमरी खेयाल से भोजपुरियन के जवन पेयार, आदर ए साइट के मिल रहल बा उ सबसे बड़हन पुरस्कार बा।
आज की समय में हम भले कहतानी कि पाठक के पेयार ही सबसे बड़ा पुरस्कार बा पर हमार मन ए बात से पूरा तरे सहमत नइके होत काँहे कि हमरा बुझाता की भोजपुरी की ए सबसे पुरनका अउर सदा आगे बड़त साइट के कवनो पुरस्कार न दे के इ पुरस्कार दाता लोग इ साइट की ना बलुक भोजपुरिया समाज की साथे बहुत बड़हन नाइंसाफी कइले बा लोग। खैर ना इ साइट कहीं छिपल बिया अउर ना राउर साकारात्मक मेहनत ही केहू से छुपल बा। राउर भोजपुरिया परेम जवने की चलते ए साइट के प्रादुर्भाव भइल युग-युगांत तक भोजपुरियन की हिरदय में बास करी अउर ओ लोगन के उद्गार रही।
जय भोजपुरिया समाज। जय भारत माता।।
प्रभाकर पाण्डेय “गोपालपुरिया”
http://pandiji.blogspot.com
Sampadak Mahoday O.p ji
raura ke pranam.
Anjoria.com Ke ham Naya-naya pathak bani.aa
Ham Ehe Chahat Bani ki raur e athak prayas
hamesa-hamesa banal raho.Ehe HAmar
ShuBhkamna ba.
Geetkar
O.P.Amritanshu
अंजोरिया के सात बरिस कइसे बीत गइल.मालुमे ना चलल. ओपी भइया राउर मेहनत के भोजपुरिया लोग नीमन से जानत बा. रउआ जवन भोजपुरी खातिर क रहल बानी ओकर तुलना कइल बेमानी बा. एकरा पहिलहूं हम एह बात के चर्चा ई ह भोजपुरिया इंटरनेट शीर्षक आलेख में कइले रहनी. रउआ एही तरह आगे बढ़ी नयका पीढ़ी रउआ संगे बा.
राउर छोट भाई
आशुतोष कुमार सिंह
ओ पी जी,
सादर प्रणाम,
देखत-देखत अंजोरिया आठ बरिस के होखे चललि। एगो वेबसाइट के रूप में अंजोरिया जवानी के दहलीज पर आ गइल बिया, लेकिन एकरा के पोसे में आ परवान चढ़ावे में रउरा कवनो कसर नइखी छोड़ले। ऱउरा के बधाई आ एकरा पाछे रउरा के सपोर्ट करे वाली हमनी के भऊजी के धन्यवाद आ प्रणाम।
भोजपुरी के नवका जमाना में जब-जब प्रचार आ प्रसार के चरचा होई, ओकरा में राउर नाम जरूर शामिल कईल जाई।
अंजोरिया के अंजोर से हमनि के अभिभूत राखे खातिर भगवान रउरा के धन-जन आ शरीर से मजबूत बनावसु…..
राउर
लोकनाथ
Hi,O.P.SinghJ,Bahut BAHUT BADHAI BAA, OUR BEST WISHES AND FAVOUR IS always there with you…..
Carry On…………
भोजपुरी एक्सप्रेस नेटवर्क के ओर से भोजपुरी के सबसे पुरनका साइट अँजोरिया.कॉम के भोजपुरी के निरंतर सेवा करत ८वाँ साल में प्रवेश कइले पर बहुत-बहुत बधाई ! शुद्ध भोजपुरी भाषा के प्रचार-प्रसार कईला में माननीय ओपी सिंह जी के योगदान काबिले तारीफ बा.
शैलेश मिश्र
संस्थापक, बेन
भोजपुरीएक्सप्रेस.कॉम
साल दर साल सात साल बीत गइल,
भोजपुरी में अंजोरिया मिसाल बन गइल ,
ओ पि भैया तोहके बधाई हो बधाई ,
तोहर मेहनत अब ता कमल कर गइल ,
adarniya o.P.Bhaiya
Anjoria ke aath sal pura bhail khatir raura ke dher sara badhai aauri pathak logan ke hritaya ke gahrai se dhyanbad ki uhan logan ke niymit sahyog se ee sambhav ho sakal —–
aaur aage bhi hamani ke sahyog aa raur pyar milat rahi.
eehe subhkamana ke sathe….
Akhil Bhartiya Bhojpuri Sahitya Sammelan Regd.
Purvanchal Ekta Manch(Regd.)
Indraprastha Bhojpuri Parishad (Regd.)
P.U.R.W.I.Y.A (Regd)
Poorvanckur (Qut.)
Bhojpuri Jingi (Qut.)
ke ori se bhi Bhojpuri ke pahil Website ke ath sal pura kaila par badhai.
santosh patel
Aadarniye Shri O.P Singh Jee
Anjoria ke saphalata purvak 7 sal pura ho gail aur aathawa sal ke Shriganesh ho gail bahut khushi hota, eh khushi ke mauka par ham anjora aur raura ke hardik badhai det bani.
Har varag, umar, chhetra aur anek prakar ke pasand rakhewala log ke apna uchh gunwata se mohit karewala anjoria ke aur Shri O. P Singh jee ke mehnat aur lagan ke jetna bhi tarif kail jaw kam bate.
Anjoria ke bhavishya ujjawal hokhe, din-duna raat chauguna tarakki kare, pathak logan ke pyar pawat rahe ehe nihora baa Mai Jagdamba Thawewali se
Ajit Tiwari
http://www.JaiMaaThawewali.com
अँजोरिया के संस्थापक व नियंत्रक श्री ओ.पी. सिंह जी के करोड़ो-करोड़ शुभकामना बा कि उहां के आगामी जीवन स्वस्थ आ सानन्द रहे ताकि अँजोरिया भी फले-फूलाइल रहे. अपने का बानी, आ समाज-बोली खातिर का कईले बानीं एकर सबसे बड़ा आईना तऽ खुदे अँजोरिया ही बा. अँजोरिया खाली एगो वेबसाइट के नाम भर ना हऽ बलुक भोजपुरिया लोग-समाज-संस्कृति के सम्मानित प्रतिनिधि हऽ. ईश्वर से हमार ई प्रार्थना बा कि उ रऊआ आ अँजोरिया दुनु के नित-नूतन निष्कंटक आ शिखरस्थ बनावस….. ॐ शान्तिः शान्तिः शान्तिः ॥