महज छह सात करोड़ में निपटल एगो आम आदमी के बेटी के बिआह

महज छह सात करोड़ में निपटल एगो आम आदमी के बेटी के बिआह

दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल केजरीवाल चुनाव हरला का बाद से गायब रहलन आ तरह तरह के कयास लगावल जात रहुवे उनुका बारे में. अब जा के पता चलल कि बेचारा आम आदमी अपना बेटी के बिआह के तइयारी में लागल रहुवे. आम आदमी के बेटी के बिआह कवनो आम बाति त होखे के ना चाहीं से ओकरा ला जुगाड़ त करहीे के रहल. से जुगाड़ बढ़िया से हो गइल आ महज छहे सात हजार करोड़ के खरचा में ई बिआह निपटा लीहल गइल. अलग बात बा कि अबहीं बिआह के रिसेप्शन बाकी बा आ ओकरो में दू तीन करोड़ के खरचा त होखबे करी. आखिर एगो आदमी के बेटी के बिआह के बाति बा. आ लोग कहेला कि भारत गरीब देश हऽ. अरे तनी आँख खोल के देख लऽ कि भारत के एगो आमो आदमी अपना बेटी के बिआह कतना तंगी में रहतो शानदार तरीका से निपटा लेबेला.

हगला-मूतला-पदला हर बात पर प्रेस कांफ्रेंस आ विज्ञापन करे वाला ई आम आदमी अपना बेटी के बिआह के खबरो ना निकले दिहलसि. ना कवनो चरचा पढ़े-सुने के मिलल. पाँच रुपिया के बॉल पेन अपना बुलू शर्ट का पाकिट में लगवले आ चप्पल पहिर के मुख्यमंत्री के शपथ लेबे वाला ई गरीब आम आदमी अपना बेटी के बिआह दिल्ली के संगरिला होटल में करवलस. हमरा त एकर अंदाजे ना हो सके कि अतना बड़ होटल में तीन दिन ले बिआह के कार्यक्रम करे पर कतना खरचा होखेला. बाकिर सुने में आवऽता कि महज छह सात करोड़ से बेसी खरचा ना होखी. आ अरविन्द केजरीवाल ना चाहत रहलन कि दिल्ली के फोकटिया लोगन के पता चलो कि केजरीवाल के बेटी के बिआह महज छहे सात करोड़ में निपटा लीहल गइल. पहिले पता रहीत त बहुते आआपा वाला बिना बोलवले चहुँप गइल रहतें आ खरचा कुछ अउर बढ़ जाईत. बेचारा गरीब आदमी ओतना खरच सम्हार ना पाइत एहिसे केहू के खबर ना होखे दीहल गइल. तबहियों वर पक्ष का तरफ से त पाँच सात सौ लोग त आइले होखी. हो सकेला कि बिआह के खरचो वर पक्ष के लोग उठवले होखे. आखिर एगो आम आदमी के बेटी के बिआह के बात रहुवे.

हम रोजे कई कई गो अखबारन के खबर देखत रहीलें बाकिर हमरो पता तब लागल जब एगो वीडियो देखनी एह बिआह का बारे में. दुनिया में भोजपुरी के पहिलका आ सबले पुरान वेबसाइट अंजोरिया डॉटकॉम के बहुते पाठक-पाठिका आम लोग होला, आम आदमी वाला होखो भा ना होखो. आ कुछेक केजरीवाले जइसन गरीबो गुरबा होखीहें जे अपना बाल बच्चा के बिआह कुछेक करोड़ मे निपटा लेत होखसु. से सोचनी कि रउरो सभ का सोझा एह खबर के परोस दीं.

अधिका जाने सुने के होखे त ई वीडियो देख लीं –

भा एह लेख का साथे दीहल फोटो के स्रोत पर जा के ओहिजो देख लीं. –

फोटो स्रोत

0 Comments