आजु शनिचर का दिने महागठबन्हन के विधायक आ विधानपार्षदन के मौजूदगी में नीतीश कुमार के दुनू सदन के नेता चुन लीहल गइल. एकरा बाद नीतीश कुमार राज्यपाल से भेंट क के सरकार बनावे के दावा पेश कइलन. किरिया धराई समरोह 20 तारीख के पटना के गाँधी मैदान में करावल जाई.
नीतीश के नाम के प्रस्ताव राजद नेता राबड़ी देवी कइली आ एकर समर्थन कइलन काग्रेस के बिहार प्रभारी डॉ. सीपी जोशी. ई दुनू में से केहू विधायक भा पार्षद नइखे बाकिर एहलोग के बात के सगरी विधायक आ पार्षद थपड़ी पीट के मान लिहलन.
नीतीश कुमार के अभयदान देत लालू प्रसाद कहलन कि नीतीश निफिकर हो के काम करसु आ बिहार के बढ़न्ती खातिर पूरा जोर लगा देसु. कहलन कि महागठबन्हन के वायदा पूरा करे के काम सबका सोझा रहे के चाही.
0 Comments