यूपी के सूखाग्रस्त इलाकन ला 1304 करोड़ दिहलसि केन्द्र सरकार

केन्द्र सरकार उत्तर प्रदेश के सूखाग्रस्त इलाकन खातिर राष्ट्रीय आपदा राहत कोष से एक हजार तीन सौ चार करोड़ रूपिया राहत के काम ला देबे के मंजूरी दे दिहले बिया. राज्य सरकार से कहल गइल बा कि ई राशि किसानन के बैंक खातन में एक हप्ता का भितरे चहुँप जाए क चाहीं.
ई फैसला काल्हु नई दिल्ली में बोलावल हाई लेवल के बइठक में केन्द्रीय गृहमंत्री राजनाथ सिंह के अध्यक्षता में लीहल गइल. प्रधानमंत्री मोदी निर्देश दिहले रहलें कि बुन्देलखण्ड विदर्भ अफर मराठवाड़ा में सूखा के हालात के निकहा से समीक्षा कइल जाव आ जरुरी राहत चहुँपावल जाय.

0 Comments