रजनीकांत बनल चाहत बाड़न मनोज आर. पाण्डेय

चाकलेटी हीरो आ एक्शन किंग मनोज आर. पाण्डेय यूपी के गोण्डा से मुबई के मायानगरी में अइलें त सहायक निर्देशक के काम कइलें. बाकिर जब सेट पर अभिनेता के सीन समुझावस त लोग कहे कि तूं त खुदे अतना जानकार बाड़ऽ त काहें ना अभिनय कइल शुरू कर देत. लोग के एही बढ़ावा पर मनोज पाण्डेय नायको बन गइलें. लड़िकाईं में सिखल मार्शल आर्ट आ किक बाक्सिंग एह अभिनय में बहुते ताकत दिहलसि.

सास भी कभी बहू थी, सदिया, संजीवनी, कस्तुरी, दिल-ए-नादान वगैरह धारावाहिकन के सहायक निर्देशक रहल मनोज पाण्डेय के लहरिया लूटा ऐ राजाजी, मै नागिन तू नगीना, दुश्मनी, कईसन पियवा के चरितर बा, राजाजी, सौगंघ गंगा मईया के वगैरह फिलिम रिलीज हो चुकल बाड़ी सँ.

आदर्श का बात पर मनोज पाण्डेय के कहना बा कि अमिताभ बच्चन बनल दोसरा खातिर असंभव बा, दोसरा के देखा देखी कइला का जगहा अपना काबिलियत से आपन जगह बनावल असल बात होले. फिलिमन में बढ़त छिछोरपन आ फुहड़पन पर मनोज पाण्डेय के कहना बा कि ई दौर जल्दिए बदले वाला बा. नायिक के ढोंढ़ी, डाड़ आ छाती पर टिकल कैमरा के फोकस हटे वाला बा. कहलन कि सुन्दरता परदे में नीक लागे ला फूहड़ बनि के ना. मनोज पाण्डेय का राय में पाखी हेगडे सिनेमा भोजपुरी के विद्याबालन हई.

अपना बारे में बतावत मनोज पाण्डेय कहलन कि इंसान बनल चहीहें रजनीकांत का तरह. कलाकार त ओइसन ना बन पइहें बाकिर रजनीकांत जइसन इंसान बनि जासु ई जरूर तमन्ना बा. शादी का बारे में अबहीं कवनो योजना नइखे बाकिर लगन कब चरचरा जाई ई के जानत बा.


(संजय भूषण के रपट)

0 Comments