राखी सावंत कइली ‘जय हो जगदम्बा माई‘ के लोकार्पण

श्री गौरीशंकर आर्टस प्रा. लि. अउर हरेश मेहता (रोहन लाईफ स्केप्स) के प्रस्तुति ‘जय हो लगदम्बा माई’ के लोकार्पण पिछला दिने बॉलीवुड अदाकारा राखी सावंत आ सुदेश बेरी के हाथे मुंबई के मरीम्बा बार में सिनेमा जगत के नामचीन हस्तियन का मौजूदगी में कइल गइल. मौजूद एह मौका पर दीपा नारायण झा, डॉली बिन्द्रा, हरीश, सुदेश बेरी, सुदीप पाण्डे, गिरीश शर्मा, रंजू सिन्हा, सोनू झा, बबलू सोनी, बृजेश त्रिपाठी, मनोज द्विवेदी, संजय पंजियार, राजू सिंह, संजय भूषण पटियाल, दिवाकार शर्मा, गौरी विश्वकर्मा, प्रतिभा पाण्डेय, अमन श्लोक, दामोदर राव, गणेश पाण्डेय, राज सेन, किशन खदरिया, अखिलेश कुमार, अमिता सिन्हा, राम सिंह, पी.के. जोशी, सुमित बाबा, मिथिलेश चौबे, वगैरह लोग मौजूद रहल.

मुख्य अतिथि राखी सावंत विमोचन करत कहली कि दशहरा के शुभ अवसर पर एकरा के रिलीज कइल जात बा त ई जरुरे सफल होई. एह फिल्म के ऊ अपना माता के समर्पित करत कहली कि आए दिन ऊ अनेके फिलिमन में काम करत रहेली बाकिर ‘जय हो जगदम्बे माई’ के लोकार्पण के नेवता नकार ना पवली जबकि एह फिलिम में ऊ कतहीं नइखी.

निमात्री डॉ. रंजू सिन्हा, सह निर्माता ए.पी. वेस्टर्न, निर्देशक राज वर्मा, संगीत राज सेन, प्रशान्त गीत-कथा पटकथा आ संवाद डॉ.रंजू सिन्हा छायांकन के. शिवराम रेड्डी, संकलन डी.के. शर्मा, अमित, नृत्य दिनेश बलराज, रौशन राज, सह निर्देशक राजा सुदर्शन सिंह, पार्श्व गायन उदित नारायण, दीपा नारायण, राजेश झा, नीतू सिंह जादोन, आ स्मिता के बा.

मुख्य कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, नाज सिन्हा, सुदेश बेरी, शांति कुमारी सिंह, राजेश सोनी, चाहत बच्चन, रेशम कौर, कृष्णमूर्ति, राजेन्द्र, डॉ. रंजु सिन्हा एवं गिरीश शर्मा, बाल कलाकार महक, मनप्रीत, मेहमान कलाकार दिव्या द्विवेदी, महेश राजा, सुमित्रा देसाई, मयुरी वगैरह शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..