राजग के बिहार लिस्ट जारी हो गइल

आजु बिहार के लोकसभा सीटन पर एनडीए उमीदवारन के लिस्ट जारी क दीहल गइल. पटना में भाजपा कार्यालय मे भाजपा, जदयू, आ लोजपा के प्रदेश अध्यक्षन के मौजूदगी में ई लिस्ट जारी कइल गइल.
सबले खास ई रहल कि बरीसन से बकबकात शत्रुघ्न सिन्हा के जीपीएल देत सूची में नइखे राखल गइल. उनुका बदले पटना साहिब सीट पर रविशंकर प्रसाद के उमीदवार बनवले बिया भाजपा.
जान जाईं कि भाजपा में मलाई काटे के मौका ना मिलला का चलते छछनाइल शत्रुघ्न विरोधीयन के हर दुआरी पर माथा टेकलन बाकिर कतहूं उनुकर निस्तार ना हो सकल. धोबी के कुकुर ना घर के ना धाट के वाला हाल हो गइल बा उनुकर. देखल जाव कि यशवन्त सिन्हा के का होखत बा. एह तिकड़ी में से कीर्ति आजाद पहिलहीं कांग्रेस के दुआर ध लिहलन बाकिर अबहीं ले उनुका टिकट मिले के सुतार बनल नइखे लउकत.
बिहार के 40 लोकसभा सीट में से अबहीं उनचालिसे (39) उमीदवारन के ऐलान भइल बा. लोजपा के मिलल खगड़िया सीट से उमीदवार तय नइखे भइल अबहीं ले.
पूरा लिस्ट नीचे दीहल जा रहल बा –

भाजपा का टिकट पर अररिया से प्रदीप सिंह, दरभंगा से गोपाल जी ठाकुर, मुजफ्फरपुर से अजय निषाद, महराजगंज से जनार्दन सिग्रीवाल, सारण से राजीव प्रताप रुड़ी, उजियारपुर से नित्यानंद राय, पटना साहिब से रविशंकर प्रसाद, पाटलिपुत्र से राम कृपाल यादव, आरा से राजकुमार सिंह, बक्सर से अश्विनी कुमार चौबे, सासाराम से छेदी पासवान, पश्चिमी चंपारण से संजय जायसवाल, पूर्वी चंपारण से राधा मोहन सिंह, शिवहर से रमा देवी, मधुबनी से अशोक कुमार यादव, आ बेगूसराय से गिरिराज सिंह के नाम तय कइल गइल बा.

जदयू का टिकट पर सुपोल से दिनेश्वर, किशनगंज से महमूद अशरफ, कटिहार से दुलार चंद गोस्वामी, पुर्णिया से संतोष कुमार कुशवाहा, मधेपुरा से दिनेश चंद्र यादव, गोपालगंज से-डॉ. आलोक कुमार सुमन, सीवान से कविता सिंह, भागलपुर से अजय कुमार मंडल, बांका से गिरिधारी यादव, मुंगेर से राजीव रंजन सिंह उर्फ लल्लन सिंह, नालंदा से कौशलेंद्र कुमार, काराकाट से महाबली सिंह, जहानाबाद से चंद्रेश्वर प्रसाद चन्द्रवंशी, गया से विजय कुमार मांझी, वाल्मीकिनगर से वैद्यनाथ प्रसाद महतो, आ सीतामढ़ी से डॉ. वरुण कुमार लड़ीहें.

लोजपा के टिकट पर वैशाली से वीणा देवी, हाजीपुर से पशुपति कुमार पारस, समस्तीपुर से रामचंद्र पासवान, नवादा से चंदन कुमार, अउर जमुई से चिराग कुमार पासवान के मौका मिलल बा. खगड़िया सिट से लोजपा अपना उमीदवार के एलान अबहीं नइखे कइले.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।