रिंकू घोष के दुश्मनी बिहार का सत्तर सिनेमाघरन में
-

भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा रिंकू घोष के जलवा फेर बिहार में देखे के मिल रहल बा जहाँ उनकर फिल्म “दुश्मनी” सत्तर गो सिनेमाघर में रिलीज भइल बा. पटना के दू गो सिनेमाघर का साथे भर बिहार में सत्तरो सिनेमाघरन में लोग के भारी भीड़ उमड़ पड़ल. सभका जुबान पर बस एके नाम रहे रिंकू घोष, रिंकू घोष.

“दुश्मनी” में रिंकू घोष विराज भट्ट के नायिका बनल बाड़ी. फिल्म में निरहुआ आ विराज एक दोसरा के खून के पियासल बाड़े. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के बैनर में निर्माता दुर्गा प्रसाद के एह फिल्म में निरहुआ आ विराज भट्ट पर गजब के एक्शन फिल्मावल गइल बा. राजकुमार पाण्डेय का निर्देशन में बनल फिल्म “दुश्मनी” से पहिलहू निरहुआ आ विराज के जोड़ी कई बेर आपन कमाल देखा चुकल बा.

फिल्म के शानदार सफलता खातिर लोग रिंकू घोष के हर जगह से बधाई दे रहल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

2 Comments

  1. nandkumar

    usme rinku ghosh ka kya jalwa ,nirahua pakkhi ka jalwa hai aur rinku ke gatiya kaam ke kaaran hi film flop hp gayi

    Reply
  2. nandkumar

    aur 70 nhi sirf 58 cinemagharo me lagi hai.sirf jhooti baat karte hain

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts