लोकसभा चुनाव २०१४ के कार्यक्रम
-

मुख्य निर्वाचन आयुक्त, सीईसी, प्रेस के संबोधन
मुख्य निर्वाचन आयुक्त, सीईसी, प्रेस के संबोधन शुरू क दिहलें.
आंध्र प्रदेश, ओडिशा आ सिक्किम विधानसभा के चुनाव लोकसभा चुनाव का साथही करावल जाई
अबकी दस करोड़ नया वोटर मिला के कुल ८१.४ करोड़ वोटर वोट दीहें.
नौ लाख तीस हजार पोलंग बूथ बनावल जाई.
वोटर का सभके नापसंद करे के अधिकार दीहल जाई.
अबकी का चुनाव में फोटो वोटर स्लिप जारी होखी.
७ अप्रेल, ९ अप्रेल, ९ अप्रेल, १२ अप्रेल, १७ अप्रेल, २४ अप्रेल, २७ अप्रेल, ७ मई, आ १२ मई कुल मिला के वोटिंग के नौ गो दौर चली. वोट गिने के काम १६ मई के

आंध्र विधानसभा आ लोकसभा चुनाव ३० अप्रेल आ ७ मई के दू दौर में.
नागालैंड के वोट एक दौर में ९ अप्रेल का आ त्रिपुरा के वोट दू दौर में ७ आ १२ अप्रेल के
चंडीगढ़ में १० अप्रेल आ दादरा नागर हवेली में ३० अप्रेल के वोट पड़ी.
महाराष्ट्र में तीन हाली में वोट पड़ी १०, १७ आ २४ अप्रेल के.
तमिलनाडु में एके दिन २४ अप्रेल के वोट पड़ी.
झारखण्ड में तीन दौर के वोट १०, १७ आ २४ अप्रेल के पड़ी. राजस्थान में दू दौर में १७ आ २४ अप्रेल के.
दिल्ली आ हरियाणा के वोट एके दिन १० अप्रेल के पड़ी. गुजरात के वोट एके दिन ३० अप्रेल के.
एक्जिट पोल प रोक लगवलसि चुनाव आयोग बाकिर ओपिनियन पोल पर रोक लगावे के फैसला केन्द्र सरकार प छोड़लसि.
पूरा देश के सगरी नक्सल इलाका के वोट एके साथे एके दिन पड़ी. नक्सलियन के आपन ताकत दोहरावे तिहरावे के मौका ना मिली.
उत्तर प्रदेश के वोट छह दौर में पड़ी १०, १७, २४, आ ३० अप्रेल अउर ७ आ १२ मई का दिने.
बिहार के चुनाव १० अप्रेल, १७ अप्रेल, २४ अप्रेल, ३० अप्रेल, ७ मई आ १२ मई के छह दौर में करावल जाई.

भोजपुरिका डॉट कॉम पर प्रकाशित हो चुकल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts