विजय पथ पर सीमा सिंह

Seema-in-braसिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह आजकल विजयपथ पर चलत बारी आ जवने फिलिम में सीमा सिंह के डांस के तड़का मिलेला ऊ फिलिम जरूर विजयपथ पर चल निकलेले. आजुकाल्हु सीमा सिंह जवना फिलिम में काम करत बाड़ी ओकर नाँवे ह ‘विजय पथ’.
संजीव बोहरपी निर्देशित एह फिलिम ला सीमा सिंह पिछला दिनें मुंबई के बसरा स्टूडियो में लगावल सेट पर एगो नायाब आयटम नम्बर शूट करवली. एह नृत्य में नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी सीमा सिहं के आसमान से उतरत परी के रूप में देखवले बाड़ें. आ परिओ अइसन कि जेही देखे उहे कह उठे कि वाह सीमा! जब ई गाना फिलिमावल गइल त सेट पर नाहियो त दू सौ डांसर मौजूद रहलें. एह डांस आयटम के कमाल के बतावत सीमा सिंह के कहना बा कि एह आयटम पर उनुका गर्व बा.

शाहजहां शेख के बनावल आ संजीव बोहरपी निर्देशित एह फिलिम में विजय वर्मा, मोनालिसा, आदित्य मोहन, संजय पांडे आ किरण यादव के मुख्य भूमिका बा. आ तय बा कि सीमा के डांस एहू फिलिम के विजयपथ पर लेइए जाई.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *