विनय आनन्द आ रानी चटर्जी फेर एक बेर


सुपर हिट फिल्म “दामिनी” के लोकप्रिय जोड़ी विनय आनन्द आ रानी चटर्जी एह साल फेर “सांवरिया आई लव यू” आ “चुनरी सम्हाल गोरी” में नजर आवे जा रहल बा. विनय आनन्द अपना एह फिल्मन से बहुते उत्साहित आ आशान्वित बाड़न काहे कि एकरा में रोमांस, कामेडी, थ्रिलर, आ एक्शन के भरपूर मसाला मौजूद बा आ दर्शकन के बहुते नीक लागी ई फिल्म. मोहन दास के प्रस्तुति आ शंभू पाण्डे आ सीबी त्रिपाठी के बनावल फिल्म “साँवरिया आई लव यू” फरवरी में रिलीज होखे वाला बा. फिल्म के निर्देशन रामपाल सिंह कइले बाड़े. फिल्म का बारे में बतियावत रानी चटर्जी कहली कि अइसनका किरदार खातिर कवनो नायिका आपन हाथ कटवावे के तइयार हो जाई ऊ त खाली घवाहिले भइल रहली. एह फिल्म खातिर उनकर उत्साह के प्रमाण इहे बा कि घवाहिल होखला का बाद जब अस्पताल से छूट्टी मिलल त अगिलके दिने ऊ फेर शूटिंग खातिर तइयार मिलली. कहली कि ई दुनु फिल्म सफलता के नया कीर्तिमान बनइहें सँ. “साँवरिया आई लव यू” के निर्माता आ निर्देशक फिल्म के बहुते सुनियोजित तरीका से रिलीज करे का तइयारी में लागल बाड़न.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments