संजय पांडे अपने अंदाज में दिहले निर्मल पाण्डे के श्रद्धांजलि

भोजपुरी फिलिमन के नंबर वन खलनायक संजय पांडे अपना आवेवाली फिल्म ‘बजरंग’ में बिल्कुल निर्मल पाण्डे जइसन लुक बनवले बाड़े, उहे अंदाज, वइसने लमहर लमहर बाल. संजय पांडे के कहना बा कि उनकर दिली तमन्ना रहल निर्मल पांडे का साथे एगो फिलिम करे के बाकिर ऊ हो ना सकल त अब फिल्म ‘बजरंग’ के जरिये उनुका के एगो श्रद्धांजलि दिहले बाड़े.

निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ पूरा एक्शन फिल्म होई जवना में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह के खास भूमिका बा. निर्देशक बाड़े नंद किशोर महतो. गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले बनल एह फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश आ बिहार के वास्तविक लोकेशन पर करावल गइल बा.

संजय पांडे के ई फिलिम निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के कैंप में पहिलका फिल्म हवे. एकर गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दुबे आ विनोद पासवान लिखले बाड़े आ संगीत दिहले बाड़े ओम झा. कहानी संतोष मिश्रा के लिखल हवे.

‘बजरंग’ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।