सलमा आगा गवली भोजपुरी गाना

‘निकाह’ से जानल जाये वाली गायिका सलगा आगा पहिला बेर एगो भोजपुरी फिल्म खातिर गवली. पिछला दिने “सना रिकार्डिंग स्टूडियो” में सलमा आगा कासिम पिक्चर्स के भोजपुरी फिल्म ‘‘भोजपुरिया राक स्टार’’ खातिर गाना रिकार्ड करवली. एह गीत के मुखड़ा बा – ‘चिट्ठियो ना तार आइल, ना कोई संदेश रे…’ आ एकरा के लिखले बाड़न धर्मेन्द्र कुमार, संगीत से सजवलें लाल सिन्हा, आ फिल्म के निर्देशक हउवें कासिम खान.

एह फिल्म ‘‘भोजपुरिया राक स्टार’’ में नवोदित अविनाश दुबे मुख्य भूमिका में रहीहें आ उनकर नायिका होखीहें रानी चटर्जी. एकरा अलावे प्रिंस सिंह आ अविनाश शाही के खास भूमिका बा. फिल्म के नायक एगो बेरोजगार युवक बा जे रोज रोज के ओरहन आ बतकही से तंग आके शहर के रुख कर लेता. ओहिजा ऊ ठान लेता कि कुछ बन के देखावे के बा आ ऊ कर दिखावत बा. बन जात बा राक स्टार ! ‘‘भोजपुरिया राक स्टार’’ के निर्माता हउवें नागेश कुचिकुड़ी आ रमेश कांबले. फिल्म के शूटिंग छपरा, पटना, आरा में अगिला महीना से करावल जाई.


(स्रोत – समरजीत)

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    बड़ी ख़ुशी के बात बा कि सलमा आगा जी भोजपुरी के दुनिया में आगमन करत बाड़ी !

    भोजपुरी दुनिया में स्वागत करत बनी राउर ,
    सलमा जी करीं स्वीकार जी !
    आउरी करीला नमस्कार जी !!

    कली-कली खिली गईलें ,बिहँसेला लोगवा
    सुरवा से झर-झर , झरे इमरितवा
    फह -फह होई गईले ,नयका बिहानवा हो
    उमड़ल नेहवा के धार जी !
    आउरी करीला नमस्कार जी !!

    गीतकार
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।