सिनेमा का दुनिया से….

सभकर हीरोइन बनत बाड़ी पाखी हेगडे
भोजपुरिया नौजवानन के दिल के धड़कन बन गइल पाखी हेगडे सुपर स्टारन से ले के नवही स्टारन तक, सभकर, हीरोइन बनत बाड़ी आ हर बेर आपन निमन छाप छोड़ जात बाड़ी. साथ ही साथ ऊ सगरि निर्माता निर्देशकनो के पसन्द बनत जात बाड़ी.

दिनेशलाल निरहुआ आ पाखी हेगडे के जोड़ी भोजपुरी सिनेमा के सबले हिट जोड़ी ह. बाकिर दोसरो सुपर स्टारन का साथे पाखी ओतने धमाल मचा देबेली. रविकिशन का साथ लहरिया लूटऽ ए राजा जी में उनकर जोड़ी दर्शकन के दिल लूटत बिया. मनोज तिवारी का साथे उनकर जोड़ी भईया हमार दयावान में आवत बा. एह फिल्म में उनकर काम देख के मनोजो तिवारी पूछ दिहलन, कहाँ रहलू हा अतना दिन ले ?
पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


सईयां भइल परदेसिया
पिछला दिने प्रभा प्रोडक्शन का बैनर में सोनपुर निवासी निर्माता रामजीत सिंह बाबा हरिहर नाथ मन्दिर में पूजा अर्चना का बाद
सईंया भइल परदेसिया नाम के भोजपुरी फिल्म बनावे के घोषणा कइले. जानकारी देत संजय भूषण पटियाला बतवले कि एक्शन कामेडी लव पर बनल एह फिल्म के निर्देशन नरेन्द्र प्रसाद सिंह करीहें. कथा, पटकथा, गीत, संवाद रामजीत सिहं के रही जबकि संगीत दीहें राकेश त्रिवेदी आ लाल पाठक.


पहली नजर को सलाम
पराग इन्टरटेनमेंट प्रा॰लि॰ का बैनर में राज कुमार प्रसाद अपना फिल्म पहली नजर को सलाम के निर्देशन खातिर मनोज झा के अनुबंधित कइले बाड़न. जानकारी देत संजय भूषण पटियाला कहले बाड़न कि कम उमरिया प्रेम का कहानी पर बनल एह फिल्म के शूटिंग नवम्बर से बिहार का लोकेशन पर करावल जाई.


वफादार नौकर का भूमिका में सुदीप पाण्डेय
हैरी फर्नांडिस निर्देशित फिल्म भोजपुरिया भईया से अपना अभिनय के सफर करे वाला सुदीप पाण्डेय अपना शानदार एक्शन से आपन पहिचान पहिलके फिल्म से बना लिहलन. ओकरा बाद उनकर कई गो फिल्म अइली सँ. पिछला दिने आइल फिल्म हमार ललकार में सुदीप के अभिनय बहुते मजगर रहल. अब उनकर फिल्म कुर्बानी आवे वाली बा. एह फिल्म का बारे में बतियावत सुदीप पाण्डेय कहलन कि,

कुर्बानी एक्शन से भरल बा जवना में हम एगो वफादार नौकर के भूमिका कइले बानी जे अपना मालकिन के कई बेर गलत काम करे से रोकत बा. साउथ के निर्माता रामजी फिल्म्स के एह फिल्म में साउथ के स्टार सुहासिनी का साथे काम करे अनुभवो बहुत बढ़िया रहल. निर्देशक फणिराज जतना खूबसूरती से एह फिल्म में एक्शन पेश कइले बाड़न ओकरा के देख दर्शक गदगद हो जइहें. एकसेएक खतरनाक सीन हम खुदे कइले बानी एह फिल्म में. दर्शक देख के जनिहें कि बाकी फिल्मन के एक्शन से ई कतना अलगा बा.

पूरा जानकारीCineBhojpuri.com पर पढ़ीं.


0 Comments