हमार टीवी पर भोजपुरिया समाज के जुटान – ९ जनवरी २०१०

नमस्कार ……..भोजपुरिया समाज के जुटान में राउर स्वागत बा. हम हईं मनोज भावुक . ………….अइसे त भोजपुरी अपना देश के सरकारी भाषा नइखे .एकरा के ८ वीं अनुसूची में शामिल नइखे कइल गइल…….लेकिन इ सांच बा की भोजपुरी एगो अन्तर राष्ट्रीय भाषा ह ,जेकर बोले वालन के संख्या १५ करोड़ भारत में आ ५ करोड़ भारत के बाहर बा. इ भारत के अलावा मारीशस, फिजी, गुयाना, त्रीनीदाद , सूरीनाम, हालैंड , थाईलैंड , सिंगापुर, इंडोनेशिया, नेपाल आ अफ्रिका के कई गो देशन में बोलल जाला. ……आ अपना हिन्दुस्तान में उत्तर प्रदेश आ बिहार के लगभग २७ गो जिला में ….साथे कोलकाता ,मुंबई, दिल्ली आ देश के कई गो नगर में भोजपुरी बोले वाला लोग बड तादाद में बाडन …भाषा के रूप में एकर परम्परा एक हज़ार साल पुरान बा आ एह में करीब ५००० से ऊपर पुस्तक प्रकाशित हो चुकल बा. अपना देश में बोलल जाए वाली मातृभाषा में सबसे अधिक संख्या भोजपुरी बोले वाला लोगन के बा.

एने दिल्ली में तीन दिन से भारतीय प्रवासी दिवस होत रहल ह. जवना में देश-विदेश के भोजपुरी प्रतिनिधि शिरकत कइले रहलें ह . हम ओही में से कुछ हीरा चुन के हमार के स्टूडियो में ले आइल बानी. आईं अपना मेहमान से राउर परिचय कराईं –
डाo सरिता बुद्धू – प्रथम विश्व भोजपुरी सम्मलेन अउर विश्व हिन्दी सम्मलेन के पहिलका अंतर राष्ट्रीय महासचिव रहल बानी . इहाँ के फ्रेंच, अंग्रेजी, भोजपुरी अउर हिन्दी के विख्यात साहित्यकार हईं . अ उर पूरा विश्व में लगभग तीन दशक से भोजपुरी के प्रचार-प्रसार में लागल बानी.
श्री जगदीश गोवर्धन – १० बरिस ले मारीशस के हेल्थ मिनिस्टर रहल बानी आ एह समय इन्डियन डायास्पोरा सेंटर के अध्यक्ष आ विश्व भोजपुरी सम्मलेन के international co-ordinator हईं . भोजपुरी हमार माँ नारा के साथ भोजपुरी भाषा के प्रचार आ जन जागरण खातिर एगो प्रतिनिधि मंडल लेके ५१ दिवसीय भारत भोजपुरी यात्रा पर निकलल बानी
डाo अरुणेश नीरन – अंतर राष्ट्रीय महासचिव विश्व भोजपुरी सम्मलेन आ सम्पादक समकालीन भोजपुरी साहित्य
डाo बी.एन .तिवारी. – अखिल विश्व भोजपुरी समाज-विकास मंच के अंतर राष्ट्रीय अध्यक्ष आ विश्व भोजपुरी सम्मलेन के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष , कवि-गीतकार ……..अभी हाल ही में इहाँ के डाक्टरेट के मानद उपाधि से नवाजल गइल ह.

एह सब विद्वान से डेढ़ घंटा भोजपुरी के तमाम मुद्दा पर भोजपुरी साहित्यकार आ एह कार्यक्रम के एंकर मनोज भावुक विस्तार से LIVE बात चीत कइलन . कार्यक्रम त एके घंटा के रहे 9 p.m – 10 p.m लेकिन बात-चीत के रोचकता आ सारगर्भिकता के देखत आधा घंटा के समय अउर बढ़ा दीहल गइल आ Prime Time के खबर विशेष के इ खास कार्यक्रम भोजपुरिया समाज के जुटान रात के डेढ़ घंटा ( 9 p.m – 10 .30 p.m ) देखावल गइल .


(स्रोत – मनोज सिंह)

1 Comment

  1. amritanshuom

    सबसे पहिले भोजपुरी के सब विद्वानआ मेहमान लोगान के बहुत -बहुत स्वागत आउरि सादर प्रणाम करत बानी .भोजपुरिया समाज के जुटान लेख पढ़ के निक लगाल.

    ओ.पी .अमृतंशु