Author: Editor

यूपी मंत्रीमंडल विस्तार में गाजीपुर से फातिमा आ जौनपुर से ललई

यूपी के अखिलेश सरकार के पहिलका बड़का विस्तार में काल्हु शनिचर का दिने राजभवन के गाँधी सभागार में एक दर्जन नया मंत्रियन के किरिया धरावल गइल. एही मौका पर नौ गो मंत्रियन के प्रमोशनो मिल गइल. एह एकइस मंत्रियन में से पाँच जने के...

Read More

आजु बिहार चुनाव के चउथा दौर के वोटिंग जारी

सात जिला के पचपन सीट में से 42 पर लड़त भाजपा आ 26 गो पर लड़त राजद एह दौर के मोदी बनाम लालू बना दिहले बावे. पूरा चुनाव भलही नीतीश बनाम मोदी के होखो. एह दौर में भाजपा नीत राजग के कोशिश बा कि निर्णायक बढ़त ले लेव जबकी अपना वजूद के...

Read More

अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि

सीतलपुर बाजार के युवा नेता अभय राय के हत्या के गुत्थी पुलिस सझुरा लिहलसि कुछ दिन पहिले दिघवारा में भइल अभय राय के हत्या के मामिला सझुरावत पुलिस पाँच गो आरोपियन के गिरफ्तार कर लिहले बिया. हत्या के हथियार, अभय राय के मोबाइल, कपड़ा...

Read More

छपरा में सड़क हादसा में दू जने के मौत

काल्हु शनिचर के दुपहरिया छपरा भगवान बाजार इलाका के गुदरी मेन रोड पर एगो बेकाबू ट्रक एगो मोटरसाइकिल सवार के कचार दिहलसि जवना से ओकर मौत ओहिजे हो गइल. मरे वाला आदमी नैनी गांव के रहुवे. हादसा का बाद ट्रक ड्राइवर गाड़ी ले के भाग...

Read More

शनिचर अधरतिया से पेट्रोल 50 पइसा सस्ता बाकिर डीजल जस के तस

काल्हु अधरतिया से तेल कंपनी पेट्रोल के दाम में पचास पइसा हर लीटर पर कमी क दिहले बाड़ी सँ बाकिर डीजल के दाम में कवनो कमी नइखे कइल गइल. दुनिया के बाजार में आवत कच्चा तेल के दाम में गिरावट का चलते एक कटौती के गुंजाइश बन गइल रहे....

Read More

Recent Posts