श्रेणी: समाचार

संसंस में सात आठ गो पुरनका केन्द्रीय मंत्री

संयुक्त संसदीय समिति में सात आठ गो पुरनका मंत्री शामिल बाड़े जवन लोग टेलीकाम नीति का बारे में अपना कार्यकाल में फैसला लिहले रहुवे. संसंस प्रमुख चाको लोकसभा स्पीकर से पूछले बाड़न कि एह लोग का बारे में का कइल जाव काहे कि हो सकेला एह...

Read More

पटना आ बीएचयू में आईआईटी

लोकसभा में पारित अधिनियम में पटना के बिहटा आ बीएचयू के इंजीनियरिंग कॉलेजन के आईआईटी बना दिहल गइल बा, बाकिर बीएचयू के इंजीनियरिंग कालेज एकरा बादो विश्वविद्यालये के अंग रही. बाकी सगरी आईआईटी स्वायत्त संस्थान हई सँ. एह नयका अधीनियम...

Read More

मायावती के निर्देश

मुख्यमंत्री मायावती उत्तर प्रदेश के सगरी अधिकारियन के निर्देश दिहले बाड़ी कि पिछला निरीक्षण में मिलल कमी के जल्दी से दूर कर लिहल जाव ना त अगिला निरीक्षण में कमी भेंटइला पर कड़ा कार्रवाई कइल जाई. कहले बाड़ी कि जमीन विवादन के निबटारा...

Read More

भूमि विकास बैंक बन्द कर दिहल जाई

बिहार के सहकारिता मंत्री काल्हु विधानपरिषद में बतवले कि बिहार भूमि विकास बैंक के कवनो उपयोगिता नइखे रह गइल आ अबले एकरा १७२ करोड़ रुपिया के घाटा हो चुकल बा. एह चलते अब एह बैंक के बन्द कर देबे के फैसला ले लिहल गइल बा. ऊ विधानपार्षद...

Read More

पैंतालिस हजार सिपाहियन के बहाली होखी

बिहार विधानसभा में गृहमंत्रालय के अनुदान मांग पर चरचा का दौरान मंत्री विजय कुमार चौधरी बतवले कि सरकार पैंतालिस हजार सिपाहियन के बहाली करी. कहलन कि एनडीए शासन में कानून के राज बहाल भइल बा आ लोग अमनचैन से बा. उनकर कहना रहे कि...

Read More

Recent Posts