कहीं त कवनो सीमा होखी
-

बात आयटम डांस के होखे आ फूहड़पन के सीमा रहे ई कई बेर संभव ना होला. आ हद त हो गइल बा आवेवाली फिल्म “रंगबाज” में जवना में सीमा सिंह पर “शीला के जवानी” का टक्कर वाला एगो गाना डालल गइल बा जवना के बोल अतना फूहड़ बा कि लिखहूं में लाज लागत बा. बाकिर जब हिन्दी फिल्म के गिरावट के कवनो सीमा नइखे रहि गइल त भोजपुरी के के कहो. ओकरा के त पहिलही से बदनाम कर के रखले बा लोग. शृंगार रस आ कामुकता का बीच बड़ अन्तर होला. एह बात के एह फिल्म वालन के समुझावे के. ” रंगबाज” के एह “डबल मरद के जोर वाला” गाना पर वइसने डाँसो कइले बाड़ी सीमा सिंह कि कैटरीनो के जवानी पानी माँगे लागी. एह आयटम गाना के शिवराम यादव का निर्देशन वाली फिल्म “रंगबाज” खातिर फिल्मवला का बाद सीमा कहली कि कमाल के गाना बनल बा ई.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts