चार बाँस चौबीस गज अंगुल अष्ट प्रमाण
-

डरबन में चल रहल भारत दक्षिण अफ्रीका का बीच दुसरका टेस्त मैच का तीसरका दिने भारत २२८ रन बना के आल आउट हो गइल आ जीते खातिर दक्षिण अफ्रीका के लक्ष्य मिलल ३०३ रन बनावे के. आजु के खेल खतम होखा का बेरा दक्षिण अफ्रीका तीन विकेट का नुकसान पर १११ रन बना लिहले रहुवे. अब मौका बा भारत का लगे कि अपना गेंदबाजी से दक्षिण अफ्रीका के हरा देव आ सीरिज में बरोबरी पर आ जाव. आजु लक्ष्मण ९६ रन पर आउट हो गइलें बाकिर भारत के जीते लायक त बनाइये दिहलन. दू दिन के मैच बाकी बा आ सात गो विकेट १९२ रन दिहले बिना चटका देबे के बा. देखल जाव कि काल्हु का खेल में का खेला होखत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts